Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एक लाख के इनामी विष्णु मिश्र गिरफ्तार: दू साल से चलत रहल फरार, बहन बोलली- हमरे भाई के जान के खतरा

298
Google Ads 300*250 for posts

पूर्व विधायक विजय मिश्र के फरार चल रहल बेटा विष्णु मिश्र आखिरकार वाराणसी एसटीएफ के गिरफ्त में आ ही गइल। ऊ सामूहिक दुष्कर्म अउरी रिश्तेदार के संपत्ति हड़पले सहित कई मामला में आरोपी बा अउरी करीब दू साल से फरार चलत रहल। विष्णु मिश्र विदेश न भागे पावे एहलिए लुकआउट नोटिसो जारी कइल गइल रहे।

विष्णु के बहन रीमा पांडेय मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के पत्र भेजके अपने भाई के जान के खतरा बतवले बाडी। उल्लेखनीय बा कि पूर्व विधायक विजय मिश्र के रिश्तेदार गोपीगंज कोतवाली क्षेत्र कौलापुर निवासी कृष्णमोहन तिवारी गोपीगंज थाने में तहरीर दे के विजय मिश्र, उनकी पत्नी अउरी तत्कालीन एमएलसी रामलली मिश्रा अउरी विजय मिश्र के पुत्र विष्णु मिश्र के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले रहल।
299890cookie-checkएक लाख के इनामी विष्णु मिश्र गिरफ्तार: दू साल से चलत रहल फरार, बहन बोलली- हमरे भाई के जान के खतरा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.