Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आजु एलिमिनेटर में लखनऊ आ बंगलौर आमने सामने

कोलकाता के ईडन गार्डन क्वालीफायर 2 में विजेता टीम राजस्थान से मुकाबला करी.

1,889
Google Ads 300*250 for posts

आजु एलिमिनेटर मैच लखनऊ सुपर जायंट्स आ रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर का बीच होखी. ई  मैच 7:30 PM से ईडन गार्डन, कोलकाता में शुरू होई। एलएसजी 14 गो मैच खेल के 9 गो जीत के लीग स्टेज में 18 अंक ले के तीसरा जगहा पर रहल.

लखनऊ के नेट रन-रेट +0.251 रहे। जबकि आरसीबी 14 में 8 मैच जीतले रहे, जबकि ओकर नेट रन रेट -0.253 रहे। रन रेट का चलते राजस्थान टॉप-2 में आ गइल आ लखनऊ के एलिमिनेटर खेले के पड़ल.

राहुल आ डीकाक फेर से जल्दी शुरुआत दे सकेलें

बल्लेबाज आ गेंदबाज के लगातार प्रदर्शन का आधार पर लखनऊ सुपर जायंट प्लेऑफ में जगह बना लिहले बा. कप्तान केएल राहुल अपना बेहतरीन बल्लेबाजी का आधार पर कठिन हालात में टीम के साथ दिहले बाड़न. क्विंटन डी कॉक का साथे मिल के ऊ लगभग हर मैच में एलएसजी के बढ़िया शुरुआत देत आइल बाड़न.

मोहसिन खान अपना गति आ भिन्नता से सगरी दिग्गजन के प्रभावित कइले बाड़न. रवि बिश्नोई स्पिन संभाल रहल बाड़े। पिछला चरण में कुछ मैच हारला का बाद लखनऊ कोलकाता का खिलाफ भव्य जीत का साथे प्लेऑफ में चहुँप गइल. अयीसना में टीम निश्चित रूप से एलिमिनेटर जीत के दूसरा क्वालीफायर में पहुंचल चाहत होई।

भाग्य का आधार पर रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर प्लेऑफ में चहुँप गइल बा. अगर दिल्ली कैपिटल्स टीम मुंबई इंडियंस से ना हारल रहीत त प्लेऑफ में ओकर मुकाबला लखनऊ से होखत. ई लगातार तिसरका साल बा जब बैंगलोर टीम प्लेऑफ में जगह बना लिहले बिया. अयीसना में अबकी बेर उ 14 साल के सूखा के खतम करे के पूरा कोशिश करीहे।

खराब सीजन का बाद विराट के पारी पिछला मैच में कोहली के बल्ले से आइल रहुवे. विराट एगो अउरी बड़हन पारी खेल के टीम खातिर राह आसान बनावल चाहत बाड़न. वानिन्दू हसरंगा के स्पिन से लखनऊ के बल्लेबाजन के परेशानी पैदा हो सकेला.

258410cookie-checkआजु एलिमिनेटर में लखनऊ आ बंगलौर आमने सामने

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.