Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डिजिटल इंडिया कावर बढ़ रहल बा स्वास्थ्य विभाग के डेग, व्हाट्सएप पs मिली परिवार नियोजन के जानकारी

2,245

•अब एगो क्लिक पs मिली परिवार नियोजन से संबंधित सब जानकारी

•लोगन के घर बइठले जानकारी प्राप्त करे में मिली सुविधा

-9031691691 पs एगो क्लिक करते मोबाइल स्क्रीन पs मिल जाई जानकारी

सीवान: स्वास्थ विभाग लोगन तक अलग-अलग तरे के जानकारी खातिर डिजिटल प्लेटफॉर्म के सहारा ले रहल बा। विभाग कावर से लगातार कोसिस कइल जा रहल बा कि लोगन के स्वास्थ संबंधी जानकारी ला कम से कम अस्पताल के दौरा करे के पड़े। एह क्रम में परिवार नियोजन अभियान के सफल बनावे आ एकर सनेस के समाज के आखिरी आदमी ले पहुंचावे ला सरकार आ स्वास्थ्य विभाग कावर से कोसिस कइल जा रहल बा। एही कड़ी में केयर इंडिया के सहजोग से कोमल दीदी व्हाट्सएप बोट नाव के एगो ऐप जारी कइल गइल बा। जवना पs एगो क्लिक करतही परिवार नियोजन से संबंधित सब तरे से (स्थाई आ  अस्थाई) के तमाम जानकारी मोबाइल स्क्रीन पs मिली। ई एप परिवार नियोजन से संबंधित जानकारी प्राप्त करे ला वरदान साबित होई। एह एप के माध्यम से कवनो क्षेत्र के इच्छुक व्यक्ति घर बइठल सब जानकारी प्राप्त कs सकी। संबंधित जानकारी लेवे ला लोगन के अस्पताल के कम से कम चक्कर लगावे के पड़ी। सब जानकारी मोबाइल स्क्रीन पs प्राप्त हो जाई।

नंबर के मोबाइल में सेव कs के व्हाट्सएप फंक्शन में करे के होई क्लिक:

डीपीएम ठाकुर विश्वमोहन बतवनी कि लोगन के परिवार नियोजन से संबंधित सब तरे के जानकारी प्राप्त करे ला कोमल दीदी व्हाट्सएप बोट लांच कइल गइल बा। एकर नंबर 9031691691 हs। एह जारी नंबर पs कवनो आदमी सुविधाजनक तरीका से जानकारी प्राप्त कs सकत बा। जानकारी प्राप्त करे ला जारी नंबर के अपना मोबाइल में सेव करे के होई। एकरा बाद व्हाट्सएप फंक्शन में जाके आपन नाव आ मोबाइल नंबर लिखके क्लिक करे के होई। एकरा बाद बाद आवे आला विकल्प के क्लिक कs के कवनो आदमी परिवार नियोजन से संबंधित सब तरे के जानकारी घर बइठल प्राप्त कs सकत बा लो। ओहिजा ई सुविधा परिवार नियोजन से संबंधित जानकारी प्राप्त करे ला खाली सुविधाजनके ना बलुक लोगन के घर से बहरियो ना निकले के पड़ी।

गोपनीयता के संगे दिहल जाई  जानकारी:

केयर इंडिया के डीटीएल कृति धमीजा आ  परिवार नियोजन समन्वयक प्रेमा कुमारी बतावल लो कि एह एप के माध्यम से जानकारी प्राप्त करे ला लाभार्थियन के कवनो तरे के जानकारी सार्वजनिक ना कइल जाई। माने सब जानकारी गोपनीयता के संगे दिहल जाई आ लाभार्थियन के पहचान के सब तरे से गोपनीय राखल जाई। जवना से खास कs के महिला लो खुद के सुरक्षित महसूस करत सुविधाजनक तरीका से जानकारी हासिल कs सको लो। जवना से ऐप के उद्देश्य सफल हो सकी। संगही जादे से जादे लोग लाभान्वित हो सको।

250730cookie-checkडिजिटल इंडिया कावर बढ़ रहल बा स्वास्थ्य विभाग के डेग, व्हाट्सएप पs मिली परिवार नियोजन के जानकारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.