आयुष्मान योजना पूरा तरह से बदल जाई! ‘मध्यम वर्ग’ के मुफ्त इलाज भी, करोड़ों लोग के फायदा होई

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 5, 2024

आयुषमान योजना : देश के गरीब तबका के मुफ्त इलाज देवे खातीर शुरू भइल आयुष्मान योजना में बड़ बदलाव के तैयारी जारी बा। मानल जाता कि अब मध्यम वर्ग के कुछ लोग के भी एकर

Share

आयुषमान योजना : देश के गरीब तबका के मुफ्त इलाज देवे खातीर शुरू भइल आयुष्मान योजना में बड़ बदलाव के तैयारी जारी बा। मानल जाता कि अब मध्यम वर्ग के कुछ लोग के भी एकर फायदा मिली। स्वास्थ्य मंत्रालय के समिति जल्दिए योजना में बदलाव के सुझाव दिही।

हाइलाइट

  •  आयुषमान योजना के लागू होखे के 5 साल बीत गइल।
  •  अभी तक देश में 10 करोड़ से जादा कार्ड बन चुकल बा।
  •  अब एह योजना में बड़हन बदलाव के तइयारी हो रहल बा।

आयुषमान भारत प्रधानमंत्री जन आरोग्य (आयुषमान) योजना के लागू होखे के पांच साल बीत गइल। अब तक देश के करीब 10 करोड़ लोग के एकर फायदा मिलल बा। पांच लाख रुपया तक के मुफ्त इलाज के सुविधा देवे वाली ई योजना गरीब वर्ग के लोग खातीर बहुत उपयोगी बा। एहसे 5 साल बाद सरकार योजना में बड़ बदलाव के तैयारी कइले बिया। आवे वाला समय में आयुषमान योजना के दायरा आ ओकर पैकेज सिस्टम में पूरा तरीका से बदलाव कइल जाई। एकरा तहत मानल जाता कि एगो निश्चित उम्र सीमा के बाद अमीर-गरीब सबके ई लाभ दिहल जाई।

दरअसल केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय एह योजना में अउरी सुधार के गुजाइश कइले बा। एकरा खातिर निती आयोग के सदस्य (स्वास्थ्य) डॉ. वीके पॉल के अध्यक्षता में एगो समिति भी बनावल गइल। ई समिति जल्दिये आपन रिपोर्ट आ सिफारिश स्वास्थ्य मंत्रालय के दे दी आ ओकरा आधार पर योजना में बदलाव तइयार कइल जाई ।अनुमान बा कि समिति जल्दिए आपन रिपोर्ट देबे वाली बिया।

का का बदले के तइयारी बा 

अंदाजा लगावल जा रहल बा कि अब देश के अधिका से अधिका अस्पताल आयुष्मान योजना का तहत जुड़ जाई। छोट शहर के अस्पताल के भी एह में शामिल कइल जाई, ताकि लोग के जल्दी से इलाज के सुविधा मिल सके। एकरा अलावे योजना के पैकेज सिस्टम में सुधार के तइयारी हो रहल बा। फिलहाल ए योजना के तहत पांच लाख रुपया तक के मुफ्त इलाज के इंतजाम कइल जाता, बाकी एकर दायरा भी बढ़ावल जा सकता। इहो अनुमान लगावल जा रहल बा कि एह रेंज के 7 से बढ़ा के 10 लाख करावल जा सकेला।

बिल के भुगतान जल्दिए हो जाई

ए योजना के तहत अस्पताल के बिल के शीघ्र भुगतान खातीर एगो नाया सिस्टम भी बनावल जाई। रिपोर्ट अइला के बाद तय होई कि कवना तरह के भुगतान प्रणाली बनावल जाव, जवना से बिल आसानी से निपटावल जा सके। एकरा अलावे योजना के दायरा बढ़ावे जइसन मुद्दा पs भी बातचीत चलता।

70 साल से ऊपर के सब लोग खातिर फायदा

एह योजना में सबसे बड़ बदलाव बुजुर्ग लोग खातिर होखे के संभावना बा। मानल जाता कि 70 साल से ऊपर के सभ लोग के ए योजना के तहत कवर कइल जाई। एकर उद्देश्य बुजुर्ग लोग के मुफ्त इलाज के सुविधा दिहल बा। एहसे आमदनी के जगह सिर्फ उमर के आधार पs इलाज देवे में बड़ बदलाव हो सकता। तब मध्यम वर्ग के बुजुर्ग लोग के भी एकर फायदा होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.