Jharkhand Budget 2022: वित्त मंत्री रामेश्वर उरांव पेश कइले बरिस 2021-22 के आर्थिक सर्वेक्षण रिपोर्ट, जीएसडीपी 8.8 % बढला के उमेद…

Anurag Ranjan

Ranchi: वित्त मंत्री डॉ रामेश्वर उरांव बुध के सदन में बरिस 2021-22 के आर्थिक सर्वेक्षण रिपोर्ट पेश कइले। रिपोर्ट में चालू वित्तीय वर्ष के जीएसडीपी 8.8 प्रतिशत बढला के उमेद कइल गइल बा। एकरा  पहिले 2004 – 2005 से 2011 के बीचे 6.6 प्रतिशत के दर से बढ़ल रहे। बरिस 2011 – 12 से 2018 – 19 के बीचे 6.2 प्रतिशत के दर से बढ़ल रहे। पिछिला दु बरिस में 2019 – 20 आ 2020 – 21 में विकास दर में गिरावट आइल बा। एह बीचे भारतीय अर्थ व्यवस्था आ झारखंड़ के अर्थव्यवस्था दुनों में 4 प्रतिशत के बढ़न्ती दर्ज कइल गइल बा। वर्तमान वित्तीय वर्ष में राज्य के जीएसडीपी के 4.7 प्रतिशत ले अनुबंधित होखे  के उमेद बा। राज्य के अर्थव्यवस्था के तीन खास क्षेत्रन में तृतीयक क्षेत्र 2011 – 12 आ 2019 – 20 के बीचे  सबसे तेज दर से बढ़ल बा।

जबकि प्राथमिक क्षेत्र 1.9 प्रतिशत के औसत से आ द्वितीयक क्षेत्र में 6.3 प्रतिशत के दर से बढ़ल बा।
एह अवधि में तृतीयक क्षेत्र 7.7 प्रतिशत के दर से बढ़ल बा।
चालू वित्तीय वर्ष 2021 – 22 में मय राजस्व (बजट अनुमान) 76707  रूपिया होखे के अनुमान बा।
पिछला बरिस के मय राजस्व के तुलना में 36.6 प्रतिशत अधिका बा।
कर राजस्व मिलला के 45315.5 रुपये होखे के उमेद बा।
गैर राजस्व प्राप्ती चालू वित्त वर्ष में 31391.6 करोड़ होखला के अनुमान बा।
एह बरिस कर राजस्व 2020 – 21 में 23.8 प्रतिशत बा।

गैर कर राजस्व 60.5 प्रतिशत पिछिला बरिस के तुलना में बेसी होखला के उमेद बा।
2019 – 20 में आर्थिक मंदी आ  2020 – 21 में कोविड 19 महामारी में केंद्रीय करन् में राज्य के हिस्सेदारी में 13.9 आ 4.3 प्रतिशत के कमी आइल बा।
बरिस 2013 – 14 से बरिस 2020 – 21 के बीचे कुल व्यय में 13 . 5 प्रतिशत के चक्रवृद्धि वार्षिक दर से बढ़न्ती भइल बा।
2015 से 2018 आ फेर 2020 – 21 में राजकोषीय घाटा 3 प्रतिशत से बेसी हो गइल बा।
राजकोषीय घाटा बढ़ला से राज्य पs करजा के बोझ बढ़ल।
2013 – 14 आ 2019 – 20 के बीचे राज्य के शुद्ध उधार लगभग 27 . 3 प्रतिशत के चक्रवृद्धि वार्षिक वृद्धि दर से बढ़ल।
सार्वजनिक ऋण जवन 2013 – 14 में जीएसडीपी के लगभग 20 प्रतिशत बा। ओकरा बाद तेजी से बढ़े लागल।
2015 – 16 से ई 27 फीसदी से ऊपर बनल बा।
वर्ष 2020 – 21 में ई 34.4 प्रतिशत के उच्च स्तर पs बनल बा।
वर्ष 2020 – 21 में ई जीएसडीपी के 33 प्रतिशत होखे के अनुमान बा।
राज्य बने के समे आधा आबादी साक्षर रहे।
2019 – 20 में लगभग ई आंकड़ा 73 प्रतिशत ले पहुंच गइल बा।
पिछला 20 बरिस में साक्षरता दर में 36 प्रतिशत के बढ़न्ती भइल बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।