तमिलनाडु के होसुर जिला से एगो हैरानी के मामला सामने आईल बा। इहाँ एगो 14 साल के नाबालिग लईकी के जबरन बियाह कs दिहल गईल बा। जब नाबालिग अपना ससुराल जाए से मना कs दिहलस तs पति ओकरा के अपना कंधा पs उठा के ले गईले। एह घटना के चौंकावे वाला वीडियो भी सामने आइल बा। वीडियो वायरल होखला के बाद पुलिस एs मामला पs कार्रवाई कईलस।
नाबालिग लइकी के जबरन बियाह
तमिलनाडु के होसुर के लगे अंचेट्टी तालुक में स्थित तोट्टामंजू पहाड़ी गाँव के थिम्मत्तूर नाम के एगो छोट गांव के रहे वाली 14 साल के इs नाबालिग लईकी सातवीं कक्षा ले पढ़ाई के बाद घर में रहे शुरू कs देले रहे। एह नाबालिग लइकी के 3 मार्च के कर्नाटक के बेंगलुरु में 29 साल के मजदूर मधेश से जबरन बियाह कs दिहल गईल रहे। एह बियाह में लइकी के महतारी नागम्मा (29) भी साथ दिहली।
पुलिस पति आ महतारी के गिरफ्तार कs लिहलस
ए मामला में थेंकनिकोट्टई के महिला पुलिस दखल देके लईकी के दादी से शिकायत दर्ज करवले। 14 साल के नाबालिग लईकी के जबरन बियाह करे के आरोप में पुलिस उनुका पति मधेश, भाई मल्लेश अवुरी महतारी नागम्मा के गिरफ्तार कs लेले बिया।
इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा