Gorakhpur News: भू-माफिया ईश्वरचंद जमीनन पऽ फर्जी बैनामा से कइले रहे कब्जा, अतना के संपत्ति भइल जब्त

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 22, 2024

Gorakhpur News:गोरखपुर पुलिस एक बार फेर से भू माफियन पऽ कार्रवाई शुरू कइले बिया। चौरी चौरा के भू-माफिया ईश्वरचंद जायसवाल के तीन करोड़ रूपिया के संपत्ति सीज कर देले बिया। चौरीचौरा थाना क्षेत्र के शत्रुधनपुर

Share

Gorakhpur News:गोरखपुर पुलिस एक बार फेर से भू माफियन पऽ कार्रवाई शुरू कइले बिया। चौरी चौरा के भू-माफिया ईश्वरचंद जायसवाल के तीन करोड़ रूपिया के संपत्ति सीज कर देले बिया।

चौरीचौरा थाना क्षेत्र के शत्रुधनपुर फुटहवा निवासी भू-माफिया ईश्वर चंद उर्फ पिंटू जायसवाल के तीन करोड़ रूपिया कीमत के संपत्ति के सोमार के जब्त कइल गइल। पुलिस के मौजूदगी में तहसीलदार के जरिए सील करे के कार्रवाई पूरा कइल गइल। आरोपी ईश्वर चंद फर्जी दस्तावेज तइयार कर के कई लोगन के जमीन दोसरा से बैनामा कर के रूपिया हड़प लेले रहें। पुलिस आरोपी के जेल भेजे के साथही गैंगस्टर पऽ कार्रवाई कइले रहे। संपत्ति के गैंगस्टर एक्ट के तहत जब्त करे के रिपोर्ट पऽ डीएम के अनुमति के बाद कार्रवाई कइल गइल।

जानकारी के मोताबिक, आरोपी ईश्वरचंद जायसवाल पऽ छव गो मुकदमा दर्ज बा। अबहीं 11 जनवरी के जयप्रकाश दुबे आरोपी पऽ फर्जी कागजात तइयार कऽ के जमीन बेचे आ रूपिया हड़प लेवे के केस दर्ज करावल गइल बा। एकरा पहीलहूं ए तरे के मामला सामने आइल रहे, जेकरा बाद पुलिस गैंगस्टर खातिर पुलिस के रिपोर्ट भेजले रहे।

दोसरा कोई से ठगी पऽ सोचले ना, अपना बेरी गिड़गिड़ाए लगले

दोसरा कोई से जमीन के नांव पऽ लाखन रुपिया के ठगी करत घरी ईश्वरचंद एको बेर ना सोचले । नाहीं उनकर बाबू समझ पइले। सोमार के पुलिस के साथे प्रशासनिक अफसर जब जमीन आ मकान के कुर्की करे खातिर पहुंचल तऽ बाबू राजाराम जायसवाल गिड़गिड़ाए लगले। उनकर बाबू बतवले कि दुकान के जवन जमीन बस, उऽ पुश्तैनी हऽ। उनकर कहनाम बा कि पुलिस अन्याय कर रहल बिया, बाकिर अपना बेटा के करतूतन के सवाल पऽ खामोश हो गइले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.