राहुल गांधी पs भाजपा सांसद के धक्का देवे के आरोप

Minee Upadhyay
प्रताप चंद्र सारंगी

भाजपा सांसद प्रताप चंद्र सारंगी राहुल गांधी पs उनुका के धक्का देवे के आरोप लगवले बाड़े। उs कहले कि धक्का के बाद हम गिर गईनी। एकरा चलते चोट पहुंचल। सारंगी कहले कि हम सीढ़ी के लगे खड़ा रहनी कि राहुल गांधी आके एगो सांसद के धक्का देले, जेकरा बाद उs हमरा पs गिर गईले। 

प्रताप चंद्र सारंगी लगइले गंभीर आरोप
प्रताप चंद्र सारंगी कहले कि हम सीढ़ी पs खड़ा रहनी, जवना के दौरान राहुल गांधी एगो सांसद के धक्का देले।  जवना के चलते उs हमरा पs गिर गईले।  सारंगी के जवन वीडियो सामने आइल बा ओहमें उनुका माथा पs चोट के निशान लउकत बा आ माथा से खून बहत लउकत बा. 

राहुल गांधी आरोपी के जवाब देले

खुद पs लागल आरोप पs लोकसभा के नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी कहले कि जब हम सदन में जात रहनी तs भाजपा के सांसद हमनी के रोकत रहले। उs कहले कि सदन में जाए के हमार हक बा बाकिर भाजपा के सांसद हमनी के भीतर जाए से रोकत रहले। लोकसभा में विपक्ष के नेता अवुरी राहुल गांधी कहले कि जब हम संसद के प्रवेश द्वार में घुसे के कोशिश करत रहनी तs भाजपा के सांसद हमरा के रोके के कोशिश करत रहले।  उs लोग हमरा के धमकी देत ​​रहले, तs इहे भईल। इs संसद के प्रवेश द्वार हs आ हमनी के भीतर जाए के अधिकार बा।

राहुल गांधी कहले कि मुख्य मुद्दा इ बा कि भाजपा के लोग संविधान पs हमला करतारे।  अम्बेडकर के अपमान करत बाडे।  राहुल गांधी कहले कि उनुका से धक्का-मुक्की भी भईल बा।  बाकिर एकरा से कवनो फर्क नइखे पड़त.  ई सब होत रहेला।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बढ़ी लइकन के लंबाई, चिंता होई दूर.. बस कराईं इs तीन गो Yoga

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment