दिल्ली: रेखा गुप्ता सहित 7 विधायक आज लिहें शपथ, कैबिनेट मंत्रियन के लिस्ट आईल  सामने

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 20, 2025

नई दिल्ली : दिल्ली के सीएम के घोषणा हो गईल बा। भाजपा विधानमंडल पार्टी के बइठक में सीएम पद खातिर रेखा गुप्ता के नाव फाइनल हो गइल बा. अइसना में दिल्ली में सरकार गठन से

Share

दिल्ली: रेखा गुप्ता सहित 7 विधायक आज लिहें शपथ

नई दिल्ली : दिल्ली के सीएम के घोषणा हो गईल बा। भाजपा विधानमंडल पार्टी के बइठक में सीएम पद खातिर रेखा गुप्ता के नाव फाइनल हो गइल बा. अइसना में दिल्ली में सरकार गठन से जुड़ल बड़हन खबर सामने आइल बा. दिल्ली में संभावित मंत्रियन के सूची के भी खुलासा हो चुकल बा।  रेखा गुप्ता के साथे छह गो अउरी विधायक शपथ लीहें. प्रवेश वर्मा, आशीष सूद, मनजिंदर सिरसा, पंकज सिंह, कपिल मिश्रा, रविंद्र इंद्राज मंत्री के शपथ लीहें. एह सब नेता के कैबिनेट मंत्री बनावल जाई। हालांकि अबे ले मंत्री के विभाग के खुलासा नईखे भईल।

दिल्ली सरकार के मंत्रिमंडल

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: वेट लॉस के कुल पैंतरा आजमा चुकल बानी, बाकिर वजन नइखे होत टस से मस? तs ट्राई करीं इs 3 गो योगा


रेखा गुप्ता
परवेश वर्मा
आशीष सूद
मनजिंदर सिंह सिरसा
पंकज सिंह
कपिल मिश्रा
रविन्द्र कुमार ( इंद्राज)

सुषमा स्वराज से टूटल कड़ी के जोड़त भाजपा एक बेर फेर दिल्ली के एगो महिला मुख्यमंत्री के उपहार रेखा गुप्ता के रूप में दे दिहलस. शपथ ग्रहण समारोह में शामिल होखे के नेवता दिल्ली के मुख्य सचिव भेजले बाड़े। निमंत्रण पत्र के मुताबिक आज दुपहरिया 12 बजे रामलीला मैदान में शपथ ग्रहण होई। शपथ ग्रहण समारोह के समय सारिणी के मुताबिक दुपहरिया 11-12 के बीच शपथ ग्रहण समारोह के मेहमान पहुंच के आपन सीट पs बईठ जईहे। नामित मुख्यमंत्री आ नामित मंत्री 12:10 बजे अइहें. एलजी दुपहरिया 12:15 बजे शपथ ग्रहण समारोह में पहुंच जईहे। केंद्रीय गृह मंत्री अवुरी बाकी नेता 12:20 बजे पहुंच जईहे। प्रधानमंत्री मोदी 12:25 बजे अइहें। साथही 12:30 बजे बैंड के धुन पs राष्ट्रगान बजावल जाई. 12.35 बजे एलजी मुख्यमंत्री के शपथ दिही।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गणेश जी के उs मंदिर जवन रामायण काल ​​आ द्वापर युग में भी रहे मौजूद ‘रणथंभौर गणेश मंदिर’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.