Train Derailed: सूर्यनगरी एक्सप्रेस के 8 डिब्बा पटरी से उतरल, राजस्थान के पाली में भइल हादसा

Share

राजस्थान के पाली में बांद्रा टर्मिनस-जोधपुर सूर्यनगरी एक्सप्रेस ट्रेन के 8 डिब्बा आज भोरे 3.27 बजे जोधपुर मंडल के राजकियावास-बोमदरा सेक्शन के बीच पटरी से उतर गइल। उत्तर पश्चिम रेलवे के सीपीआरओ बतवलें कि एमे केहू के हताहत होखला के सूचना नइखे। रेलवे जोधपुर से एगो दुर्घटना राहत ट्रेन भेजले बा।

सीपीआरओ कहलें कि जल्दिये उच्च अधिकारियन के मवका पs पहुंचला के उम्मीद बा। महाप्रबंधक-उत्तर पश्चिम रेलवे आ आउर  उच्चाधिकारी जयपुर स्थित मुख्यालय स्थित कंट्रोल रूम से स्थिति के निगरानी कर रहल बा लोग।

रेलवे हेल्पलाइन नंबर जारी कइलस 

जोधपुर खातिर: 02912654979, 02912654993, 02912624125, 02912431646

पाली मारवाड़ खातिर: 02932250324

सीपीआरओ कहलें कि यात्री आ ओह लोगन के परिजन कवनो  जानकारी खातिर- 138 आ 1072- पs एकरा संगही संपर्क कs सकत बा लोग।

केहू के हताहत होखला के सूचना नइखे 

सीपीआरओ बतवलें कि बांद्रा टर्मिनस-जोधपुर सूर्यनगरी एक्सप्रेस ट्रेन के पटरी से उतर गइला से 11 डिब्बा प्रभावित भइल बा। अभी तक केहूओ के हताहत होखला के सूचना नइखे। उच्च अधिकारी मवका पs पहुंच गइल बा लोग। फंसल यात्रियन खाततिर बसन के बेवस्था कइल गइल बा ताकि ऊ अपना गंतव्य तक पहुंच सके लोग।

एक यात्री कहलें कि मारवाड़ जंक्शन से रवाना होखे के 5 मिनट के भीतर ट्रेन के अंदर कंपन के आवाज सुनाई देलस आ 2-3 मिनट के बाद ट्रेन रुक गइल। हम नीचे उतरनी आ देखनी कि कम से कम 8 स्लीपर क्लास के डिब्बा से उतरल रहे। 15-20 के भीतर मिनट एंबुलेंस आ गइल।

साभार: अमर उजाला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-