31 मार्च 2023 के राशिफल

Anurag Ranjan

दिनांक-31/03/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

 रात में 01 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद एकादशी।

दिन- सुक।

पुष्य नक्षत्र

रात में 01 बजके 57 मिनट ले

ओकरा बाद अश्लेषा नक्षत्र।

सुकर्मा जोग

रात में 01 बजके 56 मिनट ले,

ओकरा बाद धृति जोग।

तैतिल करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 01/04/2023

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- एकादशी

भोर में 04 बजके 20 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

अश्लेषा नक्षत्र

भोर में 04 बजके 48 मिनट ले।

धृति जोग

रात में 02 बजके 44 मिनट ले।

वणिज करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

पारिवारिक दायित्व के पूर्ति होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। व्यक्ति विशेष के सहजोग रही। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। अधीनस्थ कर्मचारी भा भाई-बहिन से मतभेद हो सकत बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

संतान के दायित्व के पूर्ति होई। आर्थिक ममिलन में तनाव मिल सकत बा। भाग्यवश सुखद समाचार मिली।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

शासन सत्ता के सहजोग रही। जीवनसाथी के सहजोग रही। पारिवारिक दायित्व के पूर्ति होई। रिश्तन में मजबूती आई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

महिला अधिकारी के सहजोग मिली। रचना के काम में बढ़न्ती होई। शासन सत्ता के सहजोग रही। बेवसायिक योजना फलीभूत होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

बेकार के झगड़ा विवाद में मत पड़ीं। तन आ मन खिन्न रही। चलल आ रहल समस्या के समाधान होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में सुधार होई। जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

रोग भा विरेाधी सक्रिय रही। तन आ मन के दुर्बल बना सकत बा। दांपत्य जिनगी में तनाव के इस्थिति बन सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

रचना के कोसिस सफल होई। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई। रिश्तन में निकटता आई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक ममिलन में जोखिम मत उठाई। स्वास्थ आ प्रतिष्ठा के लेके सचेत रहीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

रचना के कोसिस सफल होई। बेकार के उलझन रही। मैत्री संबंध प्रगाढ़ होई। रिश्तन में निकटता आई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

वाणी पs लगाम रखीं। व्यक्ति विशेष के तनाव मिल सकत बा। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।