दिनांक-28/06/2023
श्री गणेशाय नम:
आज के पंचांग
आषाढ़ शुक्ल पक्ष
तिथि- दशमी
रात के 03 बजके 19 मिनट ले,
ओकरा बाद एकादशी।
दिन- बुध।
चित्रा नक्षत्र
दिन के 04 बजके 00 मिनट ले,
ओकरा बाद स्वाति नक्षत्र।
परिघ जोग
दिन के 06 बजके 08 मिनट ले,
ओकरा बाद शिव जोग।
तैतिल करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 29/06/2023
आषाढ़ शुक्ल पक्ष
तिथि- एकादशी
रात के 02 बजके 42 मिनट ले।
दिन- बियफे।
स्वाति नक्षत्र
दिन के 04 बजके 30 मिनट ले।
शिव जोग
सबेरे के 05 बजके 15 मिनट ले।
वणिज करण।
शयनी एकादशी।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)
दांपत्य जिनगी सुख से भरल होई। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक ममिलन में प्रगति होई। रिश्तन में मजबूती आई। नया प्रेम संबंधन में सावधानी बरते के होई, बाकिर माई-बाबूजी रउआ कवनो काम से बहुते खुस होई लो। लईकन से भरपूर प्यार मिली।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली। विरोधी सक्रिय रही। स्वास्थ्य के लेके सचेत रहला के जरूरत बा। आज उहो रउआ संगे होई। अकेला लोगन के प्रेमी के साथ मिली। नया संघतिया के संगे संबंध प्रगाढ़ होई।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)
संतान के दायित्व के पूर्ति होई। बेवसायिक योजना फलीभूत होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के उपयोगी वस्तुअन में बढ़न्ती होई। प्रेमी रउआ के बियाह खातिर प्रपोज कs सकत बा है। परिवार वालन के साथ मिलला के उम्मीद बा, बाकिर कवनो खास दोस्त से संबंध खराब हो सकत बा। अपना करीबी रिश्तन में विश्वास कम मत होखे दीं।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)
चल भा अचल संपत्ति के ममिला में सफलता मिली। रचना के कोसिस सफल होई। सामाजिक कामन में रुचि लेमे। घर-परिवार के समस्या दिमाग पs हावी रही। जदि कवनो कारण से साथी नइखे मिल रहल तs संघतियन से सलाह लीं। कुछ जातकन खातिर रोमांस से भरल दिन रही। पूरा दिन घूमे-फिरे आ मूवी देखे आदि में गुजर सकत बा।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)
कइल गइल पुरुषार्थ सार्थक होई। भाई-बहिन के सहजोग मिली। रचना के कामन में सफलता मिली। प्रेम बियाह करे में बाधा उत्पन्न हो सकत बा, बाकिर संघतिया लोगन के सहजोग से रउआ लाभ मिली। पति पत्नी के बीच के संबंध कुछ खराब हो सकत बा। रिश्तन में दूरी आ सकत बा।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)
आर्थिक ममिलन में सुधार होई। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। धन, यश, कीर्ति में बढ़न्ती होई। रचना के कोसिस सफल होई। लव पार्टनर, से बियाह के बात चल सकत बा। रउआ अपना जीवनसाथी से अत्यधिक प्रेम करेनी, एहिसे कुछ लोगन के बातन में आके ओकरा पs शक मत करीं।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
भावुकता में नियंत्रण रखीं। व्यक्ति विशेष के कारण तनाव मिल सकत बा। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। लव लाइफ खातिर दिन उतार-चढ़ाव वाला रहे वाला बा।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)
रचना के कामन में सफलता मिली। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। बेवसायिक योजना फलीभूत होई। प्रेम के रिश्तन में कड़वाहट आ दूरियन के कम करे खातिर दिन उत्तम बा। प्रेम में निराश बानी, तs आज रउआ कवनो नया साथी मिल सकत बा।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)
सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में चल रहल प्रयास फलीभूत होई। घर के उपयोगी वस्तुअन में बढ़न्ती होई। प्यार के इजहार करे खातिर दिन अच्छा बा। नया लव रिलेशन बन सकत बा। कवनो पुरान साथी के कारण राउर लव लाइफ में समस्या उत्पन्न हो सकत बा।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
रचना के कामन में सफलता मिली। महिला अधिकारी के सहजोग रही। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। बियाह के योग बन रहल बा। मित्रता प्रेम संबंध में बदल सकत बा। कार्यालय में कवनो सहजोगी के तरफ आकर्षित होखेम।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)
चलल आ रहल समस्या के समाधान होई। रिश्तन में निकटता आई। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। राउर अपना पार्टनर से खराब हो रहल संबंधन में कुछ सुधार हो सकत बा। कवनो लमहर सफर पs जाये के योजना बन सकत बा। बियाह के सुभ जोग बन रहल बा।