28 दिसंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 28/12/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- अष्टमी

दिन के 11 बजके 59 मिनट ले,

ओकरा बाद नवमी।

दिन- अतवार।

 उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र

दिन के 08 बजके 43 मिनट ले,

ओकरा बाद रेवती नक्षत्र।

वरीयान जोग

दिन के 10 बजके 13 मिनट ले,

ओकरा बाद परिघ जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 29/12/2025

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- नवमी

दिन के 10 बजके 12 मिनट ले।

दिन- अतवार।

रेवती नक्षत्र

सबेरे के 07 बजके 40 मिनट ले।

परिघ जोग

सबेरे के 07 बजके 36 मिनट ले।

कौलव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज सोच स्पष्ट रही, नया काम में उत्साह जादे लागी। घरेलू ममिलन में सहनशील बनल जरूरी बा। बचत पर ध्यान दीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

पुस्तक, पढ़ाई भा कोर्स में रुचि बनी। सहकर्मी के संगे तालमेल मजबूत रही। स्वास्थ पs तनिका ध्यान दीं। आराम जरूरी बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

बातचीत से सफलता मिल सकेला। पुरान समस्या के समाधान आज आसान होई। प्रेम-जीवन में रोमांटिक पल मिल सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में सावधानी बरतीं। निवेश से पहिले पूरा सोच विचार करीं। घर में खुसी के माहौल बनी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज अपना प्रतिभा के संगे दोसर लोगन पs प्रभाव डालेम। जतरा के जोग बा, नया लोग से फायदा हो सकत बा।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

स्वास्थ्य में सुधार के संकेत बा। नौकरी में तारीफ मिल सकेला। परिवार के काम में समय दीं।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

संतुलन बनवले रखी, काम आ परिवार दुनो में। खरचा पs नियंत्रण बनाईं। संघतिया से मिलन भाव बढ़ी।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

धैर्य से काम लीं। व्यापारिक निर्णय सोच समझ के लीं। प्रेम संबंध में समझदारी जरूरी बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज मन खुस रही, नया योजना पs काम सुरू हो सकेला। उच्च शिक्षा भा बि देस से जुड़ल अवसर मिल सकत बा।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

समस्यन पs सकारात्मक सोच राखीं। तकनीकी काम में सफलता मिली। खर्चा नियोजित करीं।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया काम सुरू करे खातिर सुभ दिन बा। नौकरी में बदलाव के जोग बन रहल बा। संघतियन से मदद मिली। सामाजिक काम में रुचि बढ़ी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

भावनात्मक निर्णय से बचीं। संघतिया से सहजोग मिली। स्वास्थ्य संतुलित बनी, बाकिर ओवरटाइम से बचीं।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-