दिनांक- 25/12/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
पौष शुक्ल पक्ष
तिथि- पंचमी
दिन के 01 बजके 43 मिनट ले,
ओकरा बाद षष्ठी।
दिन- बियफे।
धनिष्ठा नक्षत्र
दिन के 08 बजके 18 मिनट ले,
ओकरा बाद शतभिषा नक्षत्र।
वज्र जोग
दिन के 03 बजके 13 मिनट ले,
ओकरा बाद सिद्धि जोग।
बालव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 26/12/2025
पौष शुक्ल पक्ष
तिथि- षष्ठी
दिन के 01 बजके 43 मिनट ले।
दिन- सुक।
शतभिषा नक्षत्र
दिन के 09 बजके 00 मिनट ले।
सिद्धि जोग
दिन के 02 बजके 00 मिनट ले।
तैतिल करण।
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फल मिली। नौकरी आ कारोबार में तरक्की के जोग बा। परिवार के संगे समय बिताईं, मन खुस रही।
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)
धन के ममिला में सावधानी रखीं। फिजूलखर्ची से बचीं। सेहत ठीक रही, बस खानपान पs ध्यान दीं।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
आज बातचीत से काम बनी। रुकल काम पूरा होई। संघतिया आ सगा-संबंधियन से सहजोग मिली।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)
मन तनिका बेचैन रही, बाकिर दिन ढलत-ढलत हालात ठीक हो जाई। माई-बाबूजी के आसिरबाद से फायदा होई।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज मान-सम्मान बढ़ी। ऑफिस आ समाज में पहचान बनी। निवेश से फायदा के संकेत बा।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

काम के दबाव रही, बाकिर धैर्य रखीं। सेहत के ममिला में लापरवाही मत करीं।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

प्रेम-संबंध में मधुरता आई। बियहल लोग के दिन बढ़िया रही। जतरा के जोग बन रहल बा।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
आज कवनो पुरान बात परेसान कs सकेला। गुस्सा से बचीं। सोच-समझ के फैसला लीं।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

भाग्य आज साथ दी। शिक्षा आ करिअर में सफलता मिली। नया काम सुरू करे खातिर अच्छा दिन बा।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

धन लाभ के जोग बा। परिवार में खुसहाली रही। संपत्ति से जुड़ल ममिला सुलझ सकेला।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज जिम्मेदारी बढ़ी। काम में मन लगाके मेहनत करीं, फायदा जरूर मिली।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

मन प्रसन्न रही। धार्मिक कामन में रुचि बढ़ी। दिन शांति आ सुकून से बीती।









