18 फरवरी 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 18/02/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

दिन के 04 बजके 57 मिनट में,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन- बुध।

शतभिषा नक्षत्र

रात के 09 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र।

 शिव जोग

रात के 10 बजके 44 मिनट ले,

ओकरा बाद सिद्ध जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 19/02/2026

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वितीया

दिन के 03 बजके 59 मिनट ले।

दिन- बियफे।

पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र

रात के 08 बजके 51 मिनट ले।

सिद्ध जोग

रात के 08 बजके 42 मिनट ले।

कौलव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज मन में जोश भरल रही। कामकाज में तेजी आई, बाकिर गुस्सा कंट्रोल में रखीं। परिवार के संगे समय बितावे से मन खुस होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

पईसा के ममिला मजबूत रही। पुरान अटकल काम आज निपट सकेला। सेहत पs तनिका धेयान दीं, खान-पान सही रखीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

बातचीत से फायदा होई। नौकरी-बेयपार में नया मवका मिले के जोग बा। फालतू बहस से दूर रहीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भावना हावी रही। घर-परिवार में छोट-मोट मतभेद हो सकेला, बाकिर प्यार से सुलझ जाई। खरचा सोच-समझ के करीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज मान-सम्मान बढ़े वाला दिन बा। ऑफिस में जिम्मेदारी बढ़ सकेला। बुजुर्ग के सलाह काम आई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मेहनत रंग ले आई। पढ़ाई-लिखाई आ योजना बनावे में सफलता मिली। सेहत ठीक रही, बस थकान से बचीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

संतुलन बना के रखे के दिन बा। रिश्तन में मधुरता आई। निवेश करे से पहिले पूरा जांच-पड़ताल करीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

गोपनीय काम में सफलता मिली। विरोधी शांत रहिहें। मन तनिका बेचैन रह सकेला, धेयान-योग फायदेमंद रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

जतरा के जोग बा। नौकरी में बदलाव के संकेत मिल सकेला। परिवार के संगे खुसखबरी साझा होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

काम में फोकस बढ़ी। अधिकारी खुस रही लाेग। सेहत में कमर भा घुटना के दरद हो सकेला, सावधानी रखीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

नया आइडिया दिमाग में आई। संघतिया लोगन से सहजोग मिली। सामाजिक काम में नाम बढ़ी।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज भाग्य साथ दी। रुकल काम पूरा होई। प्रेम-संबंध में मधुरता आई, मन प्रसन्न रही।

Read Also: Bangladesh PM Oath Ceremony : तारिक रहमान बनलें नया प्रधानमंत्री, राष्ट्रपति शहाबुद्दीन दिलवलें शपथ, ओम बिरला रहलें मवजूद

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-