दिनांक- 17/03/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
चैत्र कृष्ण पक्ष
तिथि- त्रयोदशी
दिन के 09 बजके 23 मिनट ले,
ओकरा बाद चतुर्दशी।
दिन- मंगर।
शतभिषा नक्षत्र
सबेरे के 06 बजके 09 मिनट ले,
ओकरा बाद पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र।
सिद्ध जोग
दिन के 08 बजके 14 मिनट ले,
ओकरा बाद साध्य जोग।
वणिज करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 18/03/2026
चैत्र कृष्ण पक्ष
तिथि- चतुर्दशी
दिन के 08 बजके 25 मिनट ले।
दिन- बुध।
पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र
भोर के 05 बजके 21 मिनट ले।
शुभ जोग
भोर के 04 बजके 01 मिनट ले।
शकुनि करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

धन संबंधी ममिला में सावधानी बरतीं। खरचा बढ़ सकेला। सेहत पs ध्यान दीं। परिवार में शांति बनल रही।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज बातचीत से काम बन सकेला। नौकरी आ बेयपार में लाभ के संकेत बा। संघतिया लोगन से मदद मिली।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

काम के दबाव बढ़ सकेला, बाकिर मेहनत रंग ले आई। परिवार में खुसी के माहौल रही। जतरा के जोग बा।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। नया अवसर मिल सकेला। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज सोच-समझ के फैसला लीं। जल्दबाजी नुकसान दे सकेला। स्वास्थ्य पs ध्यान देला के जरूरत बा।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

साझेदारी में फायदा हो सकेला। दांपत्य जिनगी अच्छा रही। पईसा के ममिला में सुधार होई।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

कवनो पुरान समस्या के समाधान मिल सकेला। काम में सफलता मिली। विरोधी शांत रही।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य साथ दी। पढ़ाई आ करियर में तरक्की के जोग बा। नया संपर्क बनी।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

काम में बदलाव के संकेत बा। परिवार के सहजोग से समस्या हल होई। धन लाभ हो सकेला।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
नया योजना पs काम सुरू कs सकेनी। सामाजिक मान-सम्मान बढ़ी। संघतिया लोगन से सहजोग मिली।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज भावनात्मक रूप से मजबूत रहेम। कामकाज में सफलता मिली। परिवार के संगे समय बिताईं।
Read Also : Gorakhpur News : मनुष्यता के बोध करावेला NSS- प्रो. अवनीश राय








