15 सितंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 15/09/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आश्विन कृष्ण पक्ष

तिथि- नवमी

रात के 01 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- सोमार।

 म्रृगशीर्षा नक्षत्र

सबेरे के 07 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद आद्रा नक्षत्र।

व्यातीपात जोग

रात के 02 बजके 34 मिनट ले,

ओकरा बाद वरीयान जोग।

तैतिल करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 16/09/2025

आश्विन कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

रात के 12 बजके 22 मिनट ले।

दिन- मंगर।

आद्रा नक्षत्र

सबेरे के 06 बजके 46 मिनट ले।

वरीयान जोग

रात के 12 बजके 33 मिनट ले।

वणिज करण।

आज के राशिफल (Rashifal)

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन काम काज में तेजी देखाई दी। नया अवसर मिल सकेला, जवना के फायदा उठाईं। परिवार में मेल-जोल बढ़ी। स्वास्थ्य ठीक रही बाकिर खान-पान पर ध्यान दीं। धन लाभ के योग बन रहल बा। यात्रा सफल होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज घर-परिवार में खुसी के माहौल रही। पुरान दोस्त से मुलाकात हो सकेला। दफ्तर में काम के सराहना होई। व्यापार में फायदा होई। संतान से गर्व महसूस करेम। खर्चा में संयम जरूरी बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ी। पढ़ाई-लिखाई में सफलता मिली। नौकरी में प्रमोशन के योग बा। प्रेम संबंध मजबूत होई। आर्थिक इस्थिति बेहतर होई। स्वास्थ्य पर ध्यान राखीं। यात्रा शुभ परिणाम दे सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज दिन तनिका उतार-चढ़ाव वाला रही। परिवार में छोट-मोट विवाद हो सकेला। धैर्य राखीं, परिस्थिति जल्दी सही हो जाई। कामकाज में मेहनत के रंग चढ़ी। धन प्राप्ति के योग बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज व्यवसाय में लाभ होई। नया निवेश के योजना सफल हो सकेला। दांपत्य जीवन सुखमय रही। संतान से शुभ समाचार मिली। सम्मान बढ़ी। स्वास्थ्य सामान्य रही। यात्रा करत समय सावधानी बरतीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज परिश्रम के सही फल मिली। नोकरी में वरिष्ठ अधिकारी खुश रही लोग। व्यापार में नफा होई। नया योजना पर विचार करीं। परिवार में प्रेम बनी। स्वास्थ्य अच्छा रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज भाग्य के साथ मिली। नया काम शुरू करीं तs सफलता जरूर मिली। धन लाभ के योग बा। विद्यार्थी वर्ग के पढ़ाई में प्रगति होई। परिवारिक जीवन सुखमय रही।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज खर्चा बढ़ी बाकिर आय भी बढ़ी। नया सम्पर्क फायदा दे सकत बा। दफ्तर में जिम्मेदारी बढ़ी। स्वास्थ्य में सुधार होई। परिवार में सम्मान बढ़ी।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भागदौड़ ज्यादा रही बाकिर नतीजा सकारात्मक होई। नया अनुबंध मिली। बिदेस से जुड़ल काम में फायदा होई। परिवार में सहजोग मिली। प्रेम संबंध मजबूत होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। पुरान धन वसूली हो सकेला। परिवार में शांति रही। नौकरी में पदोन्नति के योग बा। स्वास्थ्य ठीक रही बाकिर तनाव से बचे के जरूरत बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया मित्रता लाभकारी होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। नोकरी में उन्नति के योग बा। व्यापारी वर्ग के नया अवसर मिली। दांपत्य जीवन मधुर रही।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन शुभ रही। पैतृक संपत्ति से लाभ हो सकेला। परिवार में मंगल कार्य होई। विद्यार्थी वर्ग के सफलता मिली। स्वास्थ्य अच्छा रही। यात्रा शुभ रही।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-