12 फरवरी 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 12/02/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

फाल्गुन कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

दिन के 12 बजके 22 मिनट में,

ओकरा बाद एकादशी।

दिन- बियफे।

ज्येष्ठा नक्षत्र

दिन के 01 बजके 42 मिनट ले,

ओकरा बाद मूल नक्षत्र।

हर्षण जोग

रात के 03 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद वज्र जोग।

विष्टि करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 13/02/2026

फाल्गुन कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

दिन के 02 बजके 26 मिनट ले।

दिन- सुक।

मूल नक्षत्र

दिन के 04 बजके 12 मिनट ले।

वज्र जोग

रात के 03 बजके 23 मिनट ले।

बालव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज ऊर्जा बढ़ल मिली। काम धंधा में मन लागी, पुरान रुकावट दूर हो सकेला। धन के मामिला में सावधान रहीं। संघतिया लोगन के मदद मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

परिवारिक माहौल सुखद रही। छोट-मोट जतरा के जोग बनत बा। खरचा पs काबू राखीं। स्वास्थ्य पs ध्यान दीहीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज सृजनात्मक सोच तेज रही। नया विचार आ प्रोजेक्ट पs काम अभी सुरू कs सकतानी। परसनल रिलेशन में तनिका समझदारी जरूरी बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

धीरज बनवले राखीं, कुछ काम में देरी हो सकेला। आर्थिक फायदा के संभावना बा। सेहत सामान्य रही, आराम लेवे के जरूरत बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज खुद पs भरोसा बढ़ी। सामाजिक काम में भागीदारी रही। धन के लेन-देन में सावधानी रखीं। संघतिया के संगे समय बिताईं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कामकाज में अनुशासन जरूरी बा। आज शिक्षा भा कौशल बढ़ावे के बढ़िया मवका मिली। बोलचाल में मिठास रखीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज निर्णय लेते घरी सोच-समझ के डेग बढ़ाईं। परिजनन के संगे मन बहल सकेला। खरचा बढ़ सकेला, बजट के ध्यान दीहीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज नौकरी भा बेयपार में सफलता के संकेत बा। मेहनत सुभ परिणाम दी। घर में सुख-शांति बनल रही। स्वास्थ्य बढ़िया रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

जतरा के जोग बा, समय अच्छा लागी। संघतियन से सहजोग मिली। आर्थिक इस्थिति मजबूत होखे के संभावना बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

परिवारिक जिनगी में मेल-जोल बढ़ी। कवनो जरूरी काम पूरा हो सकेला। स्वास्थ्य ठीक रही। निवेश पs सोच विचार करेम।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रोजगार में इस्थिरता मिली। सामाजिक क्षेत्र में मान-प्रतिष्ठा बढ़ी। खरचा पs नियंत्रण रखीं। ध्यान से काम करेम।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

मन में उत्साह बनी। आज कुछ नया सीख सकेनी। आर्थिक ममिला सुधर सकेला। रिलेशनशिप में मिठास बनल रही।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-