दिनांक- 09/09/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
आश्विन कृष्ण पक्ष
तिथि- द्वितीया
सांझ के 06 बजके 29 मिनट ले,
ओकरा बाद तृतीया।
दिन- मंगर।
उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र
सांझ के 06 बजके 07 मिनट ले,
ओकरा बाद रेवती नक्षत्र।
गण्ड जोग
रात के 11 बजके 58 मिनट ले,
ओकरा बाद वृद्धि जोग।
तैतिल करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 10/09/2025
आश्विन कृष्ण पक्ष
तिथि- तृतीया
दिन के 03 बजके 38 मिनट ले।
दिन- बुध।
रेवती नक्षत्र
दिन के 04 बजके 03 मिनट ले।
वृद्धि जोग
रात के 08 बजके 31 मिनट ले।
विष्टि करण।
आज के राशिफल (Rashifal)
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)
आजु काम में मन लागल रही, बाकिर खर्चा थोड़े बढ़ सकेला। नोकरी वाला लोग के प्रमोशन के संकेत बा। घर में आपसी समझदारी बढ़ी।
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)
धन-लाभ के योग बन रहल बा। व्यापार में नया मौका मिली। घर-परिवार में खुशी के माहौल रही। स्वास्थ्य पर ध्यान दीहीं।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
आजु उधारी-लेनदेन से बचीं। पढ़ाई-लिखाई वाला छात्र लोग खातिर दिन शुभ बा। संगे-संग नया दोस्त बन सकेला।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)
नोकरी में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। घर में बड़ लोग के सलाह काम आई। संतान पक्ष से गर्व हो सकेला।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)
भाग्य साथ दीही। काम धंधा में फायदा होई। राजनैतिक लोग खातिर दिन लाभकारी बा। जीवनसाथी संगे मधुरता बनी।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)
आजु के दिन धैर्य से काम लेवे के होई। धन के लेन-देन सोच-समझ के करीं। खानपान पर कंट्रोल रखीं।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)
साझेदारी के काम में फायदा होई। व्यापार में बढ़ोतरी के संभावना बा। प्रेम-प्रसंग सफल हो सकेला।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
नोकरी में अधिकारी खुश रहिहें। विरोधी परास्त होई। पुरान रुका काम पूरा हो सकेला। स्वास्थ्य बेहतर रही।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)
आजु यात्रा के योग बन रहल बा। परिवार में खुशी आई। पढ़ाई-लिखाई वाला लोग खातिर शुभ दिन बा।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)
आजु के दिन मिला-जुला परिणाम वाली होई। घर के काम में बिजी रहब। पैसवा से जुड़ल कवनो काम सोच-समझ के करीं।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
नया संबंध बन सकेला। समाज में मान-प्रतिष्ठा बढ़ी। कारोबार में लाभ होई। स्वास्थ्य में सुधार रही।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)
धन लाभ होई। नौकरी पेशा वाला लोग के काम में सफलता मिली। परिवार में सुख-शांति रही।