दिनांक- 09/02/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
फाल्गुन कृष्ण पक्ष
तिथि- अष्टमी
समस्त।
दिन- सोमार।
विशाखा नक्षत्र
समस्त।
वृद्धि जोग
रात के 12 बजके 51 मिनट ले,
ओकरा बाद ध्रुव जोग।
बालव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 10/02/2026
फाल्गुन कृष्ण पक्ष
तिथि- अष्टमी
सबेरे के 07 बजके 27 मिनट ले।
दिन- मंगर।
विशाखा नक्षत्र
सबेरे के 07 बजके 55 मिनट ले।
ध्रुव जोग
रात के 01 बजके 42 मिनट ले।
कौलव करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। कहीं से रुकल पईसा मिल सकी। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली। प्रेम संबंध में मिठास बनल रही। खानपान पs ध्यान दीं, पेट से जुड़ल दिक्कत हो सकेला।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज सोच-समझ के फैसला लेवे के दिन बा। काम में जल्दबाजी नुकसान दे सकेला। नौकरी में बदलाव के जोग बन रहल बा। संघतिया से मदद मिली। सेहत सामान्य रही, बाकिर नींद पूरा करीं।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज मन तनिका भावुक रही। परिवार के बात दिल से लाग सकेला। कामकाज में सहजोग मिली। विद्यार्थी लोगन के पढ़ाई में मन लागी। जतरा के जोग बा, बाकिर सावधानी जरूरी बा।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज मान-सम्मान बढ़े वाला दिन बा। नौकरी आ बेवसाय में तरक्की के संकेत बा। अधिकारी से तारीफ मिल सकेला। परिवार में खुसी के माहौल रही। सेहत बढ़िया रही, बस थकान से बचीं।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज खरचा जादे हो सकेला, बजट संभार के चलीं। काम में मेहनत जादे करीं, फल जरूर मिली। दांपत्य जिनगी में समझदारी जरूरी बा। सेहत में कमर भा जोड़न के दरद परेसान कs सकेला।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज दिन संतुलन से भरल रही। कामकाज में सफलता मिली। प्रेम जिनगी में नयापन आई। नौकरीपेशा लोग खातिर दिन अच्छा बा। सेहत ठीक रही, बाकिर तनाव से दूर रहीं।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज साहस बढ़ल रही। मुश्किल काम आसानी से हो जाई। बेयपार में लाभ के जोग बा। परिवार में बुजुर्ग के सलाह काम आई। सेहत ठीक रही, बस तेज वाहन से बचीं।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य साथ दी। रुकल काम पूरा हो सकेला। नौकरी में तरक्की के जोग बा। धार्मिक काम में मन लागी। जतरा से फायदा हो सकेला। सेहत सामान्य रही।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज जिम्मेदारी बढ़े वाला बा। काम में दबाव रही, बाकिर परिणाम अच्छा आई। परिवार के संगे समय कम मिली। सेहत में सिरदर्द भा थकान हो सकेला, आराम जरूरी बा।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
आज नया योजना बने के दिन बा। संघतिया के संगे मिल के काम करीं, फायदा मिली। प्रेम संबंध मजबूत होई। आर्थिक इस्थिति ठीक रही। सेहत बढ़िया रही।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन शांत रही। कामकाज में इस्थिरता आई। परिवार के संगे सुखद समय बीती। कला आ रचनात्मक काम से जुड़े लोगन के लाभ मिली। सेहत ठीक रही, बस ठंड से बचीं।







