09 अगस्त 2023 के राशिफल

Anurag Ranjan

दिनांक-09/08/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

श्रावण कृष्ण पक्ष

तिथि- नवमी

भोर के 04 बजके 11 मिनट ले,

ओकरा बाद नवमी।

दिन-बुध।

कृत्तिका नक्षत्र

रात के 02 बजके 29 मिनट ले,

ओकरा बाद रोहिणी नक्षत्र।

वृद्धि जोग

दिन के 03 बजके 40 मिनट ले,

ओकरा बाद ध्रुव जोग।

तैतिल करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक-10/08/2023

श्रावण कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

भोर के 05 बजके 06 मिनट ले।

दिन- बियफे।

रोहिणी नक्षत्र

भोर के 04 बजके 01 मिनट ले।

 ध्रुव जोग

दिन के 03 बजके 10 मिनट ले।

वणिज करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बोली पs लगाम रखीं। अपना लोगन से विवाद हो सकत बा। स्वास्थ आ प्रतिष्ठा के लेके सचेत रहला के जरुरत बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्मविश्वास बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरुरी उपयोगी वस्तुअन में बढ़न्ती होई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

बेवसायिक योजना फलीभूत होई। शासन सत्ता के सहजोग रही। जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में सुधार होई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। रिश्तन में निकटता आई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

महिला अधिकारी के सहजोग मिली। रचना के काम में प्रतिष्ठा बढ़ी। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

शासन सत्ता के सहजोग रही। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। निजी संबंध प्रगाढ़ होई। यात्रा देशाटन के इस्थिति सुखद होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहला के जरूरत बा। बेकार के परेसानी मिल सकत बा। रचना के कोसिस सफल होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

ससुराल पक्ष के सहजोग मिल सकत बा। बेवसायिक योजना सफल होई। रचना के काम आगा बढ़ी।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

पारिवारिक दायित्व के पूर्ति होई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक ममिलन में प्रगति होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

रचना के कोसिस सफल होई। शासन सत्ता के सहजोग रही। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। सामाजिक कामन में रुचि लेम।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

शासन सत्ता आ जीवनसाथी के सहजोग मिली। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। रोग भा विरोधी तनाव दी। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।