07 फरवरी 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 07/02/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

फाल्गुन कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

रात के 02 बजके 54 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन- सनिचर।

चित्रा नक्षत्र

रात के 02 बजके 28 मिनट ले,

ओकरा बाद स्वाति नक्षत्र।

शूल जोग

दिन के 11 बजके 40 मिनट ले,

ओकरा बाद गण्ड जोग।

गर करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 08/02/2026

फाल्गुन कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

भोर के 05 बजके 01 मिनट ले।

दिन- अतवार।

स्वाति नक्षत्र

भोर के 05 बजके 02 मिनट ले।

गण्ड जोग

रात के 12 बजके 07 मिनट ले।

 विष्टि करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज मन में जोश आ आत्मविश्वास भरल रही। नौकरी आ धंधा में आगे बढ़े के मवका मिली। जल्दबाजी से बचे के जरूरत बा, ना तs नुकसान हो सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज धन से जुड़ल ममिला ठीक रही। परिवार में सुख-शांति बनल रही। सेहत के तनिका ध्यान दीं, खास कs के खानपान पs।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज दिन मिलल-जुलल रही। काम में ध्यान भटकला के जोग बा। जरूरी फैसला सोच-समझ के लीं। संघतिया से मदद मिल सकेला।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज भाग्य साथ दी। रुकल काम पूरा हो सकेला। नौकरी में अधिकारी लोग खुस रही। घर में खुसखबरी मिलला के संकेत बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज खरचा बढ़ला के जोग बा। फालतू खरचा से बचे के कोसिस करीं। गुस्सा पs काबू रखीं, ना तs रिश्ता बिगड़ सकेला।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज दिन फायदेमंद रही। मेहनत के पूरा फल मिली। नया काम सुरू करे के अच्छा समय बा। सेहत मजबूत रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज पारिवारिक ममिला सुलझ सकेला। जीवनसाथी के सहजोग मिली। नौकरी में बदलाव के जोग बन रहल बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज सावधानी जरूरी बा। कागजी काम भा लेन-देन में ध्यान दीं। पुरान संघतिया से मुलाकात मन खुस कs दी।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज जतरा के जोग बा। पढ़ाई-लिखाई में सफलता मिली। मन धार्मिक काम में लागी।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज काम के दबाव बढ़ सकेला। धैर्य से काम लीं। बॉस के सहजोग मिली, धीरे-धीरे इस्थिति सुधरी।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में मन लगी। पईसा के इस्थिति मजबूत रही। प्रेम संबंध में मधुरता आई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज सेहत में उतार-चढ़ाव हो सकेला। आराम जरूरी बा। परिवार के संगे समय बितवला से मन शांत रही।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-