03 जनवरी 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 03/01/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- पूर्णिमा

दिन के 03 बजके 32 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा।

दिन- सनिचर।

आद्रा नक्षत्र

रात के 05 बजके 27 मिनट ले,

ओकरा बाद आद्रा नक्षत्र।

ब्रह्म जोग

दिन के 09 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद इन्द्र जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 04/01/2026

माघ कृष्ण पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

दिन के 12 बजके 30 मिनट ले।

दिन- अतवार।

 पुनर्वसु नक्षत्र

दिन के 03 बजके 11 मिनट ले।

वैधृति जोग

रात के 01 बजके 47 मिनट ले।

कौलव करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज करिअर में गति बनी। काम में बदलाव आ सकेला, धैर्य राखीं। पुरनका निवेश से फायदा मिल सकेला।
उपाय: लाल सामान सेहत बढ़ाई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

धन के ममिलन में सोच-समझ के डेग उठाईं। परिवार के संगे समय बिताईं तs मन खुस रही।
उपाय: गाजर खाईं, स्वास्थ्य ठीक रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज नया योजना सफल हो सकेला। संघतिया सभन से मदद मिली। जतरा के जोग बनत बा।
उपाय: हरियर कपड़ा पहिनीं, जिनगी में तरक्की मिली।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भावनात्मक इस्थिति मजबूत रही। घर-परिवार में खुसहाली बनी। खरचा पs नियंत्रण राखीं।
उपाय: दूध दान करीं, सुख बढ़ी।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज नेतृत्व क्षमता के फायदा मिली। ऑफिस में लोगन के मन जीतेम। बाकिर खीस पsकाबू राखीं।
उपाय: उजर फूल मंदिर में चढ़ाईं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

स्वास्थ्य पs ध्यान दीं। काम में तनिका देरी हो सकेला। धैर्य बनी तs काम पूरा होई।
उपाय: तुलसी के पानी पियs, मन शांत रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज सामाजिक काम में भाग लेवे के मवका मिली। प्रेम जिनगी में मिठास बनी।
उपाय: गुलाबी रंग के फूल सजाईं, पूजा करीं।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

धन लाभ के जोग बा। नया विचार सफल हो सकेला। घर में सुकून मिली।
उपाय: रात में राम नाम जप करीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज जतरा लाभदायक रही। पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकेला। पढ़ाई-लिखाई में मन लगाईं।
उपाय: पियर फल खाईं, ऊर्जा बढ़ी।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

परिवारिक जिम्मेदारी बढ सकत बा। बिजनेस में सोच-समझ के निवेश करीं।
उपाय: सेनूर दान करीं, भाग्य प्रबल होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)आज विचारधारा में बदलाव हो सकेला। नया चीज सीखला से फायदा मिली।
उपाय: बुलु कलर के सामान पहिनीं।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आध्यात्मिक ओर झुकाव बढ़ी। विपरीत परिस्थितियन में सफलता मिले के संभावना बा।
उपाय: जल में दीया रखीं, मन आनंदित रही।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-