दिनांक-02/08/2023
श्री गणेशाय नम:
आज के पंचांग
श्रावण कृष्ण पक्ष
तिथि- प्रतिपदा
रात के 08 बजके 06 मिनट ले,
ओकरा बाद द्वितीया।
दिन- बुध।
श्रवण नक्षत्र
दिन के 12 बजके 58 मिनट ले,
ओकरा बाद धनिष्ठा नक्षत्र।
आयुष्मान जोग
दिन के 02 बजके 33 मिनट ले,
ओकरा बाद सौभाग्य जोग।
बालव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक-03/08/2023
श्रावण कृष्ण पक्ष
तिथि- द्वितीया
दिन के 04 बजके 17 मिनट ले।
दिन- बियफे।
धनिष्ठा नक्षत्र
दिन के 09 बजके 56 मिनट ले।
सौभाग्य जोग
दिन के 10 बजके 17 मिनट ले।
तैतिल करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)
पिता भा घर के मुखिया के सहजोग मिली। रचना के कोसिस फलीभूत होई। शासन सत्ता के सहजोग मिली। संबंधन में सुधार के बहुत जादे आवश्यकता बा। काहेकि रउआ अभियो बहुते पुरान बातन के मन में पलले बइठल बानी।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
चलल आ रहल समस्या के समाधान होई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली। दिमाग के उथल-पुथल वैवाहिक जिनगी में विवाद उत्पन्न कs सकत बा।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)
स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। विष योग प्रतिष्ठा के प्रभावित कs सकत बा। कवनो अइसन काम मत करीं जवना से पारिवारिक प्रतिष्ठा प्रभावित होखे। रउआ दुनो के बीच बहुत सारा बातन पs आज खाली बहस होई।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)
दांपत्य जिनगी सुख से भरल होई। रोजी-रोटी के दिशा में सफलता मिली। नया अनुबंध भा निर्माण काम के दिशा में चल रहल योजना फलीभूत होई। मन विचलित रही। मूड आफ रही। अपना मन के बात लवर के बता दीं।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)
वाहन चलावत घरी सावधानी रखीं। स्वास्थ के प्रति सचेत रहला के आवश्यकता बा। पानी से खिलवाड़ मत करीं। जवन कवनो चीज राउर प्रेम जिनगी में आज होखे वाला होई ओकर प्रभाव अच्छा नइखे कहल जा सकत।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)
बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पुरा होई। रचना के कोसिस सफल होई। शासन सत्ता के सहजोग मिली। राउर परिश्रम आज फल दे सकत बा। रउआ आपन धैर्य बनवलें रखीं।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। पारिवारिक महिला से तनाव भा कलह के इस्थिति आ सकत बा। रुपिया-पईसा के लेन-देन में सावधानी रखीं। आज राउर दिन सानदार रही। राउर दिन दूसरन के सेवा-सत्कार में बीत सकत बा।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)
अधीनस्थ कर्मचारी भा रिश्तेदार से सहजोग मिल सकत बा। बेकार के भाग-दउर रही। स्वास्थ के प्रति सचेत रहला के आवश्यकता बा। अपना ईगो के लव रिलेशन के बीच मत आवे दीं। प्रेमी के संगे जादे समय बिताई।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)
आर्थिक ममिलन में सुधार होई, बाकिर बोली पs लगाम रखीं। बेकार के परेसानी आ उलझन के सामना करे के पड़ सकत बा। प्रेम जिनगी के लेके बहुत जादे संतोष भरल दिन रही।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
बहुत उमेद के काम पुरा होखला से आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। वैवाहिक जिनगी खुसी से भरल रही। साथी के सम्मान मिल सकत बा।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)
संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित रहेम। मन खिन्न रही। स्वास्थ के प्रति सचेत रहला के आवश्यकता बा। कवनो संदेहजनक प्रोजेक्ट में हाथ मत डालीं, ना तs रउआ खुद के कानूनी पचड़न से घिरल पा सकत बानी।