01 दिसंबर 2024 के राशिफल

Anurag Ranjan
आज के राशिफल

दिनांक- 01/12/2024

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- अमावस्या

दिन के 11 बजके 51 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा।

दिन- सोमार।

अनुराधा नक्षत्र

दिन के 02 बजके 23 मिनट ले,

ओकरा बाद ज्येष्ठा नक्षत्र।

सुकर्मा जोग

दिन के 04 बजके 33 मिनट ले

ओकरा बाद धृति जोग।

नाग करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 02/12/2024

मार्गशीर्ष शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

दिन के 12 बजके 43 मिनट ले।

दिन- मंगर।

ज्येष्ठा नक्षत्र

दिन के 03 बजके 45 मिनट ले।

धृति जोग

दिन के 04 बजे ले।

बव करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन कुछ समस्यन के लेकर रउआ चिंतित नजर आएम। आवे वाला समय में विरोधी वर्ग राउर बनल काम के बिगाड़ सकत बा। एहिसे संभरके रहला के जरूरत बा। स्वास्थ्य के ध्यान रखीं। खानपान पs नियंत्रण रखीं। प्रॉपर्टी संबंधी विवादन से दूर रहीं। आज रउआ अपना मन के बात केहू से शेयर मत करीं। बेयपार-बेवसाय में उतार-चढ़ाव के इस्थिति रही। बोली पs लगाम रखीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन ठीक-ठाक रही। आज कवनो नया काम के सुरुआत खातिर लमहर जतरा पs जाये के पड़ सकत बा। संघतियन से सहजोग मिली। परिवार में आपसी मतभेद खतम होई। आज कवनो खास व्यक्ति से मुलाकात होई। आर्थिक तौर से आज के दिन सामान्य रही।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज रउआ घर में मेहमानन के आइल-जाइल लागल रही। कवनो धार्मिक मांगलिक काम में जाये के मवका मिली। आज लमहर जतरा पs जाये के प्लान बना सकत बानी। पत्नी से चल रहल मतभेद दूर होई। स्वास्थ्य संबंधी समस्या खत्म होई। आज रउआ पईसा के कहीं बड़ निवेश कs सकत बानी।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर बहुत अच्छा रहे वाला बा। हालांकि स्वास्थ्य संबंधी समस्या देखे के मिली। आज रउआ अपना पुरान काम में परिवर्तन कs सकत बानी, जेमे रउआ सहजोगियन के सहजोग मिली। मौसम के हिसाब से आज के दिन सानदार रहे वाला बा। परिवार आ लईकन के संगे लॉन्ग ड्राइव पs जा सकत बानी। आज कहीं बड़ निवेश कइल रउआ खातिर लाभ देवे वाला रही।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन सामान्य रही। रउआ कवनो नया काम के सुरुआत खातिर नया लोगन से संपर्क कs सकत बानी, जवन रउआ खातिर ठीक रही। आज केहूओ पs जदि जादे विश्वास करे के बा, तs ओकरा बारे में अच्छा तरे सोच विचार लीं। स्वास्थ्य संबंधी समस्या दूर होई। आर्थिक तौर से आज के दिन अच्छा रही।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अच्छा नइखे। बेकार के झगड़न से दूर रहीं। आज रउआ उच्च अधिकारियन से आपन संबंध मधुर रखीं। ना तs रउआ बड़ विवाद में उलझ सकत बानी। बेयपार-बेवसाय में इस्थिति सामान्य रही। आज कहीं बड़ा निवेश करे से पहिले अच्छा तरे विचार कs लीं। ना तs नुकसान के संभावना बा। वाहन आदि से चले में सावधानी बरतीं। प्रॉपर्टी संबंधी कामन में विवाद हो सकत बा।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर जादे अच्छा ना रही। पत्नी के स्वास्थ्य के चिंता मन में बनल रही। आर्थिक तौर से कहीं से बड़ मदद लेवे के पड़ सकत बा। आज के दिन रउआ केहूओ पs जादे विश्वास मत करीं। केहूओ के बड़ धनराशि उधार के रूप में मत दीं। ना तs नुकसान संभव बा।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर सामान्य रही। काम के क्षेत्र में बड़ आर्थिक मदद प्राप्त होई। कवनो सोचल काम पूरा होखे से मन प्रसन्न होई। निवेश क्षेत्र में लाभ के जोग बनी। आज रउआ भविष्य खातिर प्रॉपर्टी आदि में निवेश कs सकत बानी। लईकन के लेके मन में चल रहल चिंता दूर होई। आज राउर कवनो पुरान सपना पूरा होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज रउआ कवनो काम से लमहर जतरा पs जा सकत बानी। राउर जतरा सफल होई। कवनो काम के योजना मन में बन सकत बा, जेमे आर्थिक तौर से रउआ बड़ मदद प्राप्त होई। आज पारिवारिक समस्या दूर होई। निवेश क्षेत्र में रउआ लाभ के जोग बनी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर ठीक-ठाक रही। नया काम के सुरुआत कs सकत बानी, जेमे आर्थिक सहजोग प्राप्त होई। आज रउआ कवनो पुराने विवाद से मुक्त होखेम, जवना से मन प्रसन्न रही। बेयपार-बेवसाय में इस्थिति अच्छा रही।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज राउर कवनो परिचित व्यक्ति के स्वास्थ्य बिगड़ सकत बा, जवना कारण रउआ जादे भाग-दउड़ के कारण खुद के मानसिक तौर से परेसान महसूस करेम। काम के क्षेत्र में विरोधी वर्ग राउर काम बिगाड़ सकत बा। आर्थिक तौर से आज के दिन अच्छा नइखे कहल जा सकत। बेकार के विवाद में उलझ सकत बानी। आज केहूओ से अपना माई के बात शेयर मत करीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अच्छा रही। नया संघतिया बनी लो। बेयपार-बेवसाय में लाभ प्राप्त होई। नौकरी वर्ग वाला व्यक्तियन के अधिकारी वर्ग से सहजोग मिली। आज रउआ पदोन्नति मिल सकत बा। आज के दिन अच्छा रही। पत्नी से चल रहल मतभेद दूर होई। स्वास्थ्य संबंधी समस्या खतम होई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।