स्पोर्ट्स डेस्क। आईसीसी विश्व टेस्ट चैंपियनशिप फाइनल 2025 के तारीख अब निचिका आ गइल बा, फैंस के मन में एह मैच के लेके उत्सुकता आउर बढ़त जा रहल बा। 11 जून से लॉर्ड्स के मैदान में खेलल जाये वाला एह फाइनल के इनामी राशि के खुलासा आईसीसी मई में कइले रहे। आईसीसी विजेता टीम खातिर जवन राशि तय कइले रहे, ऊ पिछला संस्कण से दोगुना बा। अबकी बेर विजेता टीम के बंपर पईसा मिली आ आईपीएल विजेता से जादे मिली। एह साल विजेता टीम के 3.6 मिलियन यूएस डॉलर माने 30.81 करोड़ रुपिया मिली। ओहिजा, ऑस्ट्रेलिया जब 2023 में फाइनल जीतले रहे तs ओकरा 1.6 मिलियन डॉलर माने 13.69 करोड़ रुपिया मिलल रहे।
फाइनल में हारे वाला टीम के मिली एतना रुपिया
फाइनल में हारे वाली टीम यानी रनर अप के 2.1 मिलियन अमेरिकी डॉलर (17.96 करोड़ रुपिया) मिली, जवन कि पिछला दु बेर के विजेता राशि से कहीं जादे बा। ओहिजा, पिछला दु संस्करण के उपविजेता के 800,000 अमेरिकी डॉलर माने 6.84 करोड़ रुपिया मिलल रहे। आईसीसी अपना बयान में कहलस, ‘पुरस्कार राशि में बढ़न्ती टेस्ट क्रिकेट के प्राथमिकता देवे के आईसीसी के प्रयासन के दरसावत बा, काहेकि ई नव टीमन के प्रतियोगिता के पहिला तीन चक्रन के गति के बना के रखी।’
ऑस्ट्रेलिया आ दक्षिण अफ्रीका फाइनल में
एह डब्ल्यूटीसी चक्र में दक्षिण अफ्रीका श्रीलंका आ पाकिस्तान पs 2-0 के घरेलू सीरीज जीत के संगे 69.44 प्रतिशत अंकन के संगे शीर्ष स्थान हासिल कइलस। गत चैंपियन ऑस्ट्रेलिया 67.54 अंक प्रतिशत हासिल कइलस, जबकि भारत अधिकांश समय तालिका में शीर्ष स्थान हासिल कइला के बाद 50.00 अंक प्रतिशत हासिल कइलस।
ऑस्ट्रेलियाई कप्तान का कहलें?
ऑस्ट्रेलियाई कप्तान पैट कमिंस कहलें, ‘हमनी के विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के बचाव करे के अवसर पाके बहुत गरब बा। खास कs के लॉर्ड्स में खेलल ऐतिहासिक होई। ई पिछला दु बरिसन में हमनी के सब खिलाड़ियन के मेहनत बा, जे फाइनल में पहुंचे में मदद कइलस। ई हमनी खातिर सम्मान के बात बा।’
द. अफ्रीकी कप्तान बावुमा का कहलें?
दक्षिण अफ्रीकी कप्तान तेम्बा बावुमा कहलें, ‘हर केहू टेस्ट क्रिकेट के महत्व के समझत बा आ विश्व टेस्ट चैंपियनशिप खेल के एह महत्वपूर्ण प्रारूप के संदर्भ प्रदान करत बा। ऊ कहलें, ‘लॉर्ड्स एह मेगा फिक्सचर खातिर एगो उपयुक्त स्थान बा हमनी सब खिलाड़ी ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ आपन सर्वश्रेष्ठ देवे के कोसिस करेम सs।’
Read Also: Share Market : हरियर निशान पs खुलल सेंसेक्स-निफ्टी; जानीं कवना कंपनियन के शेयर में नफा-नुकसान