WPL 2026 Prize Money : आरसीबी पs पइसन के बरखा, दिल्ली के मिलल 3 करोड़, मंधाना आ सोफी डिवाइन के जलवा

Smriti Mandhana and Sophie Devine celebrating with the WPL 2026 trophy after RCB’s final victory

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। महिला प्रीमियर लीग 2026 खाली क्रिकेट के जश्न ना रहल, बलुक पईसा आ अवॉर्डो के महोत्सव बन गइल। स्मृति मंधाना के कप्तानी में रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (RCB) दमदार खेल देखावत जेमिमा रोड्रिग्स के दिल्ली कैपिटल्स के हराके खिताब अपना नामे कs लेलस। जीत के बाद आरसीबी के खिलाड़ी आ टीम स्टाफ पs इनाम के झड़ी लाग गइल। ओहिजा रनर-अप दिल्ली कैपिटल्स के 3 करोड़ रुपिया के इनाम मिलल।

फाइनल मुकाबला के हाल

पहिले बल्लेबाजी करत दिल्ली कैपिटल्स से लिजेल ली 30 गेना में 37 रन, शेफाली वर्मा 13 गेना में 20 रन बनवली। लॉरा वोल्वार्ड्ट 25 गेना में 44 रन ठोकली, जेमिमा रोड्रिग्स 37 गेना में 57 रन के सानदार पारी खेलली। चिनेल हेनरी 15 गेना में नाबाद 35 रन बनावत दिल्ली के स्कोर 20 ओवर में 203 रन पहुंचा देली।
आरसीबी से लॉरेन बेल किफायती गेंदबाजी कइली, जबकि सयाली सतघरे, अरुंधति रेड्डी आ नदिन डी क्लर्क के एक-एक विकेट मिलल।

आरसीबी के धमाकेदार जवाब

लक्ष्य के पीछा करत आरसीबी के सुरुआत खराब रहल, बाकिर कप्तान स्मृति मंधाना आ जॉर्जिया वॉल मिलके 92 गेना में 165 रन के जबरदस्त साझेदारी कइल लोग। वॉल 54 गेना में 79 रन बनवली। आखिरकार आरसीबी 19.4 ओवर में लक्ष्य हासिल कs लेलस। दिल्ली के चिनेल हेनरी दू विकेट लेली।

अवॉर्ड में के-के चमकल

फाइनल आ पूरा सीजन में स्मृति मंधाना आ सोफी डिवाइन के बोलबाला रहल। मंधाना के प्लेयर ऑफ द मैच, ऑरेंज कैप आ मोस्ट सिक्सेस जइसन अवॉर्ड मिलल। ओहिजा, सोफी डिवाइन मोस्ट वैल्यूएबल प्लेयर, पर्पल कैप आ मैच आईक्यू ऑफ द सीजन जीत लिहली।

अवॉर्ड्स आ टीम प्राइज ओवरऑल

अवॉर्ड/प्राइज खिलाड़ी / टीम टीम राशि / पुरस्कार
प्लेयर ऑफ द मैच स्मृति मंधाना RCB 2.5 लाख
मोस्ट सिक्सेस ऑफ द मैच स्मृति मंधाना RCB 1 लाख
मैच आइक्यू ऑफ द मैच जॉर्जिया वॉल RCB 1 लाख
एक्टिव कैच ऑफ द मैच ऋचा घोष RCB 1 लाख
ग्रीन डॉट बॉल्स ऑफ द मैच लॉरेन बेल RCB 1 लाख
सुपर स्ट्राइकर ऑफ द मैच चिनेल हेनरी DC 1 लाख
सुपर स्ट्राइकर ऑफ द सीजन ग्रेस हैरिस RCB 5 लाख
कैच ऑफ द सीजन लूसी हैमिल्टन DC 5 लाख
मैच आइक्यू ऑफ द सीजन सोफी डिवाइन GG 5 लाख
मोस्ट सिक्सेस ऑफ द सीजन हरमनप्रीत कौर MI 5 लाख
ग्रीन डॉट बॉल ऑफ द सीजन लॉरेन बेल RCB 5 लाख
इमर्जिंग प्लेयर ऑफ द सीजन नंदिनी शर्मा DC 5 लाख
फेयर प्ले अवॉर्ड मुंबई इंडियंस MI
पर्पल कैप सोफी डिवाइन GG 5 लाख
ऑरेंज कैप स्मृति मंधाना RCB 5 लाख
मोस्ट वैल्यूएबल प्लेयर सोफी डिवाइन GG 5 लाख
रनर अप टीम DC 3 करोड़
रनर अप शील्ड
लिमिटेड एडिशन वॉच
विनर्स अवॉर्ड टीम RCB 6 करोड़
विनिंग ट्रॉफी
लिमिटेड एडिशन वॉच

Read Also: RBI MPC Meet : रेपो रेट 5.25% पs बरकरार, जानीं गवर्नर संजय मल्होत्रा के बड़ ऐलान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-