जमशेदपुर : शहर के मौसम में लगातार बदलाव देखे के मिल रहल बा। दिन में तेज घाम आ सांझ में हवा के संगे बरखा होखे से मौसम सुहाना हो गइल बा।
मंगर के दिन में तेज और शाम होते-होते आंधी के साथ वर्षा देखने को मिली। हालांकि, कुछ ही देर के बाद मौसम सामान्य हो गई। भारतीय मौसम विभाग के अनुसार, अगिला छव दिन एही तरे के मौसम देखल जा सकत बा। बुध के बरखा होखे के संभावना बा। एकरा के देखत मौसम विभाग येलो अलर्ट जारी कइले बा।
बरखा के दौरान गाछ के नीचे खड़ा ना होखे के अपील
- ओहिजा, 25 आ 26 मई के जोरदार बरखा आ वज्रपात होखे के संभावना व्यक्त कइल गइल बा। एकरा के लेके मौसम विभाग अलर्ट जारी कइले बा।
- मौसम विभाग लोगन से बरखा के दौरान गाछ के नीचे खड़ा ना हाेखे के अपील कइले बा। गाछ के नीचे आ ऊंचाई वाला स्थान पs वज्रपात होखे के संभावना जादे रहेला।
- मंगर के शहर के अधिकतम तापमान 37.5 डिग्री आ न्यूनतम तापमान 26.8 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। ओहिजा, 0.4 एमएम बरखा भइल बा। मौसम विभाग के अनुसार, 21 से 26 मई के बीच शहर के तापमान 38 से 36 के बीच रही। अइसन में गर्मियो से शहरवासियन के राहत मिली।
Read Also: EPFO: ईपीएफओ से मार्च 2025 में 14.5 लाख सदस्य जुड़लें, रोजगार में इजाफा के मिलत बा संकेत
Post Views: 292