स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम के पूर्व हेड कोच रवि शास्त्री के माने के बा कि विराट कोहली के टेस्ट संन्यास के बेहतर ढंग से संभारल जा सकत रहे काहेकि ऊ अच्छा विदाई के हकदार बाड़ें। शास्त्री संगही कहलें कि पिछला साल ऑस्ट्रेलिया सीरीज के बाद कोहली के दोबारा कप्तान बना देवे के चाहत रहे।
इयाद दिला दीं कि 12 मई 2025 के विराट कोहली टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लेले रहस। ऊ सोशल मीडिया पोस्ट के माध्यम से संन्यास के घोषणा कइले रहस। किंग कोहली 123 टेस्ट में 30 शतकन के मदद से 9230 रन बनवलें। कोहली के टेस्ट संन्यास से क्रिकेट जगत हैरान रहे।
रवि शास्त्री का कहलें
रवि शास्त्री के सोशल मीडिया पs सोनी लिव एगो क्लिप शेयर कइलें, जेमे पूर्व हेड कोच कहत नजर अइलें, ‘जब रउआ चल जात बानी, तब लोग के एहसास होला कि केतना बड़ खिलाड़ी रहस। हमरा दुख भइल कि ऊ चल गइलें आ जे तरे ऊ गइलें, हमरा ख्याल से एकरा के बेहतर ढंग से संभारल जा सकत रहे। उहां से जादे संवाद होखे के चाहत रहे।’
कप्तान बनावल चाहत रहे
रवि शास्त्री इहो कहलें कि ऑस्ट्रेलिया दौरा पs 1-3 कs करारी हार के बाद ऊ विराट कोहली के दोबारा कप्तान बना देते। इयाद होखे कि शास्त्री आ कोहली के जोड़ी भारत के ऑस्ट्रेलिया में ऐतिहासिक टेस्ट सीरीज जीत दिलवले रहस।
शास्त्री कहलें, ‘जदि हमरा एकरा से कुछुओ लिहल-दिहल रहित तs हम एह साल ऑस्ट्रेलिया सीरीज के बाद सीधे कोहली के कप्तान बना देती।’ कोहली आ रोहित शर्मा के टेस्ट संन्यास लेला के बाद शुभमन गिल के नया कप्तान बनावल गइल बा। भारतीय टीम 20 जून से इंग्लैंड के खिलाफ टेस्ट सीरीज खेली।
इंग्लैंड दौरा खातिर भारत के स्क्वाड
शुभमन गिल (कप्तान), ऋषभ पंत, यशस्वी जायसवाल, केएल राहुल, साई सुदर्शन, अभिमन्यु ईस्वरन, करुण नायर, नीतिश रेड्डी, रवींद्र जडेजा, ध्रुव जुरैल, वॉशिंगटन सुंदर, शार्दुल ठाकुर, जसप्रीत बुमराह, मोहम्मद सिराज, प्रसिद्ध कृष्णा, आकाशदीप, अर्शदीप सिंह आ कुलदीप यादव।
Read Also: 12 जून 2025 के राशिफल