Iran : यूएस 24 घंटा में पश्चिम एशिया में भेजलस 50 से जादे लड़ाकू विमान, ईरान के धमकी- अइसन मारल जाई उठ ना सकी

Share

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका आ ईरान के बीच तनातनी दिन-ब-दिन बढ़त जा रहल बा। पहिले खबर आइल कि अमेरिका पश्चिम एशिया में आपन दूगो युद्धपोत तैनात कइले बा। एकरा से अंदेसा बढ़ गइल कि अमेरिका ईरान के खिलाफ सैन्य कार्रवाई कs सकेला। अब ताजा जानकारी के मोताबिक, बीतल 24 घंटा में अमेरिका पश्चिम एशिया में 50 से जादे लड़ाकू विमान भेजले बा। एह डेग के ईरान के आसपास अमेरिका द्वारा आपन नौसैनिक आ वायुसेना तैनाती बढ़ावे के तौर पs देखल जा रहल बा।

एह बीच ईरान के सर्वोच्च नेता अयातुल्ला अली खामेनेई सोशल मीडिया पोस्ट के माध्यम से अमेरिकी सेना के कड़ा चेतावनी देले बाड़ें। ऊ कहले बाड़ें कि दुनिया के सबसे ताकतवर सेना पs अइसन हमला हो सकेला कि ऊ दोबारा उठे लायक ना रही।

ईरान पs दबाव बनावे के कोसिस

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, अमेरिका सेना के एगो अधिकारी बतवले बाड़ें कि जिनेवा में अमेरिका आ ईरान के बीच चल रहल बातचीत में कुछ प्रगति भइल बा, बाकिर अभी कइयन गो मुद्दा पs विस्तार से चरचा बाकी बा। बीतल हफ्ता अमेरिका आपन सबसे बड़ युद्धपोत पश्चिम एशिया में तैनात कइले रहे आ पहिलही से एगो आउर युद्धपोत ओह इलाका में मवजूद बा। अब 50 से जादे अतिरिक्त लड़ाकू विमान भेजल जाये के डेग के ईरान पs दबाव बनावे के रणनीति मानल जा रहल बा।

खामेनेई के धमकी

सैन्य तैनाती बढ़े के बीच खामेनेई सोशल मीडिया पs लिखले बाड़ें कि अमेरिका बार-बार कह रहल बा कि ऊ ईरान के ओर युद्धपोत भेजत बा। युद्धपोत खतरनाक होला, बाकिर ओकरो से जादे खतरनाक ऊ हथियार होला, जवन युद्धपोत के समुंदर के गहराई में डुबो सकेला।

खामेनेई ईरान के परमाणु महत्वाकांक्षा पs बोललें। ऊ कहले बाड़ें कि परमाणु ऊर्जा ईरान के हक बा आ ई बात अंतरराष्ट्रीय परमाणु ऊर्जा एजेंसी के गाइडलाइंस में सामिल बा। हर देस के परमाणु ऊर्जा आ संवर्धन के अधिकार बा तs अमेरिका एह ममिला में दखल काहे दे रहल बा?

Read Also: 18 फरवरी 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-