UPI Success : ‘भारत जवन बनवलस, ऊ कवनो आउर देस ना बना सकेला’, यूपीआई के फैन भइले मैक्रों

Share

नई दिल्ली। फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों बियफे के दिन इंडिया एआई इम्पैक्ट समिट में आपन भाषण ‘नमस्ते’ कह के सुरू कइलें आ भारत के जम के तारीफ कइलें। ऊ कहलें कि भारत जवन बनवलस, ऊ कवनो आउर देस आज तक ना बना सकल।

मैक्रों आपन भारत दौरा के सुरुआत मुंबई से कइले रहलें। मुंबई सीएसटी स्टेशन पs रात में टहलत उनकर वीडियो खूब वायरल भइल। समिट में भाषण देत घरी ऊ मुंबई के सड़क किनारे सामान बेचे वाला एगो आदमी के किस्सा सुनवलें। ऊ बतवलें कि भारत में डिजिटल पेमेंट सिस्टम के तेजी से बढ़ला से ओह आदमी के जिनगी कइसे बदल गइल।

मैक्रों कहलें, “दस साल पहिले मुंबई में सड़क किनारे बेचे वाला आदमी बैंक अकाउंटो ना खुलवा सकत रहे। ना पता, ना कागज, ना कवनो पहुंच… आज ऊहे आदमी आपन फोन पs पेमेंट लेत बा। ई खाली टेक्नोलॉजी के कहानी ना हs, ई पूरा सभ्यता के कहानी हs।”

हर महीना 20 बिलियन लेनदेन : मैक्रों

दिल्ली में एआई बिजनेस लीडर, इनोवेटर आ पॉलिसी मेकर लोग के संगे चल रहल पांच दिन के समिट में मैक्रों भारत के नया तकनीक अपनावे में तेजी के जम के सराहना कइलें।

मैक्रों प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के संबोधित करत कहलें, “भारत कुछ अइसन बना देलस जवन दुनिया के कवनो दोसर देस ना बना सकेला। 1.4 अरब लोग खातिर डिजिटल पहचान, एगो अइसन पेमेंट सिस्टम जवन हर महीना 20 बिलियन ट्रांजैक्शन संभालत बा आ एगो हेल्थ इंफ्रास्ट्रक्चर जवन 50 करोड़ डिजिटल हेल्थ आईडी जारी कइले बा।”

मैक्रों के एह बयान के बाद दुनियाभर में भारत के UPI आ डिजिटल सिस्टम के तारीफ फेर से तेज हो गइल बा।

Read Also: Pune Stampede : शिवनेरी किला में शिवाजी जयंती पs बेकाबू भइल भीड़, श्रद्धालु के गोड़ फिसलला से भगदड़ जइसन हालात, 3 घायल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-