स्पोर्ट्स डेस्क। अभी तक टूर्नामेंट में अजेय रहल भारतीय अंडर-19 टीम सुक के वर्ल्ड कप फाइनल में इंग्लैंड से भिड़े वाली बिया। टीम इंडिया के नजर छठा खिताब जीतला पs टिकल बा। मोहम्मद कैफ (2000), विराट कोहली (2008), उन्मुक्त चंद (2012), पृथ्वी शॉ (2018) आ यश ढुल (2022) जइसन कप्तान देस के चैंपियन बना चुकल बा लोग, अब आयुष म्हात्रे एह सुनहरा लिस्ट में आपन नाम जोड़े खातिर बेताब बाड़ें।
अफगानिस्तान के खिलाफ सेमीफाइनल में भारत विशाल लऋक्ष्य के पीछा करत दमदार जीत दर्ज कइले रहे। एह मुकाबला में कप्तान आयुष म्हात्रे आ ओपनर आरोन जार्ज यादगार पारी खेल के टीम के फाइनल तक पहुंचवावल लोग। अमेरिका के खिलाफ ग्रुप मैच से भारत सानदार फॉर्म में देखाई दे रहल बा आ सेमीफाइनल में 300 से जादे रन के लक्ष्य हासिल कs के आपन अजेय रिकॉर्ड कायम रखले बा।
अब सामना बा एगो आउर अपराजेय टीम इंग्लैंड से। इंग्लैंड के हौसला एहिसे बुलंद बा काहेंकि ऊ सेमीफाइनल में मवजूदा चैंपियन ऑस्ट्रेलिया के हरवले बा। भारत जानत बा कि मुकाबला आसान ना होई, बाकिर अंडर-19 वर्ल्ड कप फाइनल में भारत के रिकॉर्ड बहुते मजबूत रहल बा। ई दसवां बेर बा जब टीम इंडिया फाइनल में पहुंचल बिया। पिछिला बेर 2022 में वेस्टइंडीज में भारत इंग्लैंड के हराके खिताब जीतले रहे।
भारतीय टीम
आरोन जार्ज, अभिज्ञान कुंडू, हरवंश पंगालिया, वैभव सूर्यवंशी, वेदांत त्रिवेदी, आयुष म्हात्रे (कप्तान), विहान मल्होत्रा, आरएस अंबरीश, कनिष्क चौहान, खिलन पटेल, दीपेश देवेंद्रन, हेनिल पटेल, मोहम्मद एनान, उद्धव मोहन आ किशन सिंह।
इंग्लैंड टीम
थॉमस रियू (कप्तान), राल्फी अलबर्ट, अली फारूक, बेन डाकिंस, कालेब फाकनेर, फरहान अहमद, एलेक्स फ्रेंच, एलेक्स ग्रीन, ल्यूक हैंड्स, इसाक मोहम्मद, मैन्नी लुम्सडेन, बेन मायेस, जेम्स मिंटो, जोसेफ मूरेस, सेबेस्टियन मोर्गन।
भारत बनाम इंग्लैंड (फाइनल मुकाबला)
स्थान: हरारे
समय: दुपहरिया 1 बजे
लाइव प्रसारण: स्टार स्पोर्ट्स / जियो हॉटस्टार
Read Also: WPL 2026 Prize Money : आरसीबी पs पइसन के बरखा, दिल्ली के मिलल 3 करोड़, मंधाना आ सोफी डिवाइन के जलवा







