Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उत्तराखंड: कैंची धाम मंदिर के लगे जंगल में लागल भीषण आग

151
Google Ads 300*250 for posts

 

उत्तराखंड के नैनीताल जिला के कैंची धाम मंदिर के लगे जंगल में भारी आग लाग गईल। तेज हवा के संगे लगातार आग पसरल जाता। जानकारी के मुताबिक कैंची धाम मंदिर के नजदीक पाइन के जंगल बा। एकरा चलते एs आग के काबू में कईल तनी मुश्किल होखता।

बता दीं कि तेज हवा के चलते ई आग आबादी वाला इलाका के ओर बढ़ रहल बा। एकरा से होटल अवुरी सड़क पs चलेवाला लोग खातीर भी खतरा बा।

ध्यान देवे वाला बात बा कि आजकल गरमी के चलते स्कूल के छुट्टी चलता, एहीसे आजकल भारी संख्या में भक्त कैंची धाम पहुंच रहल बाड़े। होटल से लेके सड़क ले भारी भीड़ देखाई देता।

कैंची धाम के नजदीक जंगल में लागल आग ओ समय भईल बा जब राज्य के बाकी जिला में आग लागे के मामला अबे ले कम नईखे भईल। बता दीं कि उत्तराखंड में सबसे जादा आग ओ जंगली इलाका में भईल बा, जहां चीड़ के पेड़ बा। गरमी के मौसम के चलते कई जंगल में लकड़ी निकालल जा रहल बा अवुरी इहाँ के आग अवुरी तेजी से भड़कता।

 

 

848160cookie-checkउत्तराखंड: कैंची धाम मंदिर के लगे जंगल में लागल भीषण आग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.