Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IT Raid: आगरा में आयकर के सबसे बड़ कार्रवाई खत्म, जूता कारोबारियन के इहाँ मिली अथाह दौलत, पलंग पऽ बिछल रहे नोटन के गड्डी 

46

IT Raid In Agra Shoe Businessman Update News करोड़ों रुपिया के पर्चियो मिलल बा। फर्मों के ओर से बोगस खर्चो देखावल गइल बा। संपत्ति में निवेश के जानकारीयो सामने आइल बा। आयकर विभाग अब एकर जांच कऽ के निर्धारण करीं। 14 जगह आयकर छानबीन कइले रहे। 100 से बेसी आयकर अधिकारी आ 50 पुलिसकर्मी जांच में शामिल रहले। 30 करोड़ के पर्चियो रामनाथ डंग के इहाँ मिलल।

आगरा: आयकर विभाग द्वारा शहर के जूता कारोबारियन के इहाँ कइल गइल कार्रवाई मंगर रात आठ बजे ले चलल। करीब 81 घंटा ले चलल कार्रवाई में विभाग के 57 करोड़ रूपिया नकद आ एक करोड़ रूपिया के गहना बरामद  भइल।

आयकर विभाग ने शनिचर भोरे 11 बजे हींग के मंडी इस्थित हरमिलाप ट्रेडर्स के रामनाथ डंग, बीके शूज के अशोक मिड्डा, सुभाष मिड्डा आ मंशु फुटवियर के हरदीप मिड्डा के 14 ठिकानन पs जांच शुरू कइले रहे। चउथा दिन मंगर के दिनभर आयकर विभाग के टीम कारोबारियन के इहाँ जांच में जुटल रहल।

तीनों जाना के इहाँ से 57 करोड़ रूपिया बरामद

रामनाथ डंग के जयपुर हाउस आ न्यू गोविंद नगर इस्थित आवास से आयकर विभाग के टीम सांझे के लौट गइल रहे। बीके शूज पs कार्रवाई रात आठ बजे ले चलल। आयकर विभाग रामनाथ डंग, अशोक मिड्डा, सुभाष मिड्डा आ हरदीप मिड्डा के इहाँ से बरामद 57 करोड़ रूपिया भारतीय स्टेट बैंक में जमा करवलस। सर्वाधिक बरामदगी रामनाथ डंग के इहाँ से 53 करोड़ रूपिया रहे। उनका इहाँ बेड पs राखल नोट के गड्डीयन के फोटो इंटरनेट मीडिया में प्रसारित भइल रहे।

बीके शूज आ मंशु फुटवियर के यहां से चार करोड़ नकद

बीके शूज आ मंशु फुटवियर के इहाँ से करीब चार करोड़ रूपिया नकद बरामद भइल। तीनाें कारोबारियन के इहाँ से करीब एक करोड़ रूपिया के ज्वैलरी विभाग जब्त कइलस। जूता कारोबारी अपना रिकार्ड में बोगस खर्चे देखवले। आयकर विभाग दस्तावेजन के साथही इलेक्ट्रोनिक साक्ष्य के रूप में मोबाइल, कंप्यूटर आ लैपटाप से डाटा जुटवलस। एकरा आधार पs विभाग अब कारोबारियन के लेन-देन के जांच करी।

आय से बेसी संपत्ति के सूचना पऽ छापा

आयकर विभाग जूता कारोबारियन के इहाँ कर में हेरा-फेरी आ आय से अधिक संपत्ति के सूचना पs कार्रवाई कइले रहे। शनिचर के जूता कारोबारियन द्वारा कारखाना संचालकन के भुगतान कइल जाला आ उनका इहाँ नकद धनराशि अधिक होला। एहिसे विभाग शनिवार के कार्रवाई शुरू कइलस। आयकर विभाग के अधिकारियन के कहनाम बा कि कारोबारियन के इहाँ से बरामद दस्तावेजन के सघन जांच से कर चोरी आ आय से अधिक संपत्ति अर्जित करे के जानकारी मिलल। एकरा आधार पs कारोबारियन पs पैनल्टी लगावल जाई।

संपत्ति में रामनाथ के निवेश कम

बीके शूज के अशोक, सुभाष मिड्डा आ मंशु फुटवियर के हरदीप मिड्डा के ओर से संपत्ति में बेसी निवेश कइल गइल बा। आयकर विभाग के जांच में एह लोगन के ओर से संपत्ति में ठीक-ठाक निवेश करे के जानकारी मिलल रहे। रामनाथ डंग के संपत्ति में निवेश कम बा।

सबसे अधिक बरामदगी, सरेंडर ना

आयकर विभाग के आगरा में कइल गइल कार्रवाई में ई अबही तक के सबसे बड़ नकद बरामदगी रहल। 57 करोड़ रूपिया नकद इहाँ कबो ना मिलल रहे। अतना बेसी धनराशि नकद में मिलला के वजह से कारोबारियन के ओर से सरेंडर नइखे कइल गइल।

इहाँ भइल कार्रवाई

पूर्ति निवास कमला नगर, ब्रज विहार कमला नगर, पूर्ति विला सूर्य नगर, एमजी रोड, रागिनी हाइट्स, शंकर ग्रीन्स, यूपीएसआइडीसी सिकंदरा, श्रीराम मंदिर मार्केट हींग के मंडी, प्रताप कालाेनी धाकरान, आलोक नगर जयपुर हाउस, धाकरान चौराहा इस्थित 1/10 आ 1/11, न्यू गोविंद नगर, चारबाग शाहगंज।

836860cookie-checkIT Raid: आगरा में आयकर के सबसे बड़ कार्रवाई खत्म, जूता कारोबारियन के इहाँ मिली अथाह दौलत, पलंग पऽ बिछल रहे नोटन के गड्डी 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.