सरकारी नौकरी : रेलवे में 861 पदन पs भर्ती खातिर आवेदन के आज आखिरी दिन, 10वीं पास के मवका, रिजर्व कैटेगरी के उम्र में छूट

khabar Bhojpuri Desk

साउथ ईस्ट सेंट्रल रेलवे (SECR) में अप्रेंटिस पदन पs भर्ती खातिर आवेदन के आज आखिरी दिन हs। कैंडिडेट्स अप्रेंटिसशिप पोर्टल apprenticeshipindia.gov.in पs जाके ऑनलाइन एप्लीकेशन फॉर्म भर सकत बा।

एजुकेशनल क्वालिफिकेशन :

  • उम्मीदवारन के 10वीं पास होखे के चाहीं।
  • NCVT/SCVT से मान्यता प्राप्त संस्थान से संबंधित ट्रेड में आईटीआई पास होखे के चाहीं।

आयु सीमा :

  • न्यूनतम आयु 15 साल आ अधिकतम आयु 24 साल तय कइल गइल बा।
  • रिजर्व कैटेगरी के उम्मीदवारन के ऊपर आयु सीमा में छूट दिहल जाई।
  • उम्मीदवारन के उमिर के गिनती एक अप्रिल 2024 के अनुसार कइल जाई।

सिलेक्शन प्रोसेस :

  • कैंडिडेट्स के उनका योग्यता के आधार पs शॉर्टलिस्ट कइल जाई।
  • मेरिट लिस्ट में जगह बनावे वाला उम्मीदवारन के डॉक्यूमेंट वेरिफिकेशन आउर मेडिकल टेस्ट देवे के होई।

 

स्टाइपेंड :

  • 1 साल के आईटीआई कोर्स खातिर: 7700 रुपए
  • 2 साल के आईटीआई कोर्स खातिर : 8050 रुपए

जरूरी डॉक्यूमेंट्स :

  • आधार कार्ड
  • आय प्रमाण पत्र
  • जाति प्रमाण पत्र
  • निवास प्रमाण पत्र
  • मोबाइल नंबर
  • ईमेल आईडी
  • खुद का फोटो
  • बैंक खाता पासबुक
  • पहचान पत्र

अइसे करीं आवेदन :

  • साउथ ईस्ट सेंट्रल रेलवे भर्ती के वेबसाइट www.apprenticeshipindia.gov.in पs जाईं।
  • Home page पर क्लिक करें।
  • South East Central Railway
  • Recruitment विकल्प पs क्लिक करीं
  • ऑनलाइन अप्लाय के विकल्प पs क्लिक करीं।
  • आवेदन फार्म में मांगल गइल सब जानकारी दर्ज करीं।
  • जरूरी डॉक्यूमेंट्स अपलोड करीं।
  • फीस के भुगतान कs के फॉर्म सबमिट करीं।
  • इसका प्रिंट आउट लेके रखीं।
Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।