आज से होखे वाला बा ई बड़ बदलाव, जानीं एकर रउआ पs का असर पड़ी?
आज 1 तारीख से नवंबर महीना के शुरुआत हो गइल अउर एकरे साथ ही कई बड़ बदलाव भी होखे जा रहल बा। एह बदलाव के आपके जेब पर त असर पड़बे करी, आपके जीवनशैली भी प्रभावित होई। एक नवंबर से गैस सिलेंडर के कीमत में बदलाव होखले के साथ-साथ बीमा क्लेम से जुड़ल नियम भी बदले वाला बा। एकरे सथही रेलवे के समय सारणी में भी बदलाव होई।
रसोई गैस के कीमत बदली
हर महीना के पहिला तारीख के तरह एक नवंबर के भी पेट्रोलियम कंपनियां एलपीजी के कीमत के समीक्षा के बाद नयका दर तय करी। बता देईं कि पेट्रोलियम कंपनियां हर महीना के पहिले दिन 14 किलो वाला घरेलू सिलेंडर अउर 19 किलो वाला कमर्शियल सिलेंडर के कीमत में संशोधन करsला। पिछले एक अक्तूबर के कंपनी कमर्शियल गैस सिलेंडर के कीमत में 25.5 रुपया बढ़ोतरी कइले रहे।
सिलेंडर के डिलिवरी खातिर बतावे के होई ओटीपी
नवंबर महीना में होखे वाला दूसरा अहम बदलाव भी गैस सिलेंडर से ही जुड़ल बा। नवंबर महीना से गैस सिलेंडर के होम डिलिवरी खातिर वन टाइम पासवर्ड चाहे ओटीपी के जरूरत होई। सिलेंडर के बुकिंग के बाद ग्राहकन के रजिस्टर्ड मोबाइल नंबर पर एक ओटीपी भेजल जाई। एके बतावे के बाद सिस्टम से एकर मिलान होई, ओकरे बादही सिलेंडर के डिलिवरी कइल जाई।
बीमा क्लेम लेहले के नियम बदली
एक नवंबर के आईआरडीए भी एगो बड़ बदलाव के घोषणा कs सकsता। नवंबर महीना के पहिला तारीख से बीमाकर्ता खातिर केवाईसी डिटेल देहल अनिवार्य कइल जा सकsता। वर्तमान में गैर जीवन बीमा पॉलिसी खरीदते समय केवाईसी देहल स्वैच्छिक बा, नवंबर से ई अनिवार्य हो जाई। एकरे बाद इश्योरेंस क्लेम के समय केवाईसी डॉक्यूमेंट नाइ देहले पर क्लेम रद्द कइल जा सकsता।
जीएसटी से जुड़ल नियम में ई बदलाव होई
नवंबर महीना में जीएसटी से जुड़ल नियम में भी बदलाव होई। अब पांच करोड़ से कम टर्नओवर वाले करदाता लोग के जीएसटी रिटर्न में पांच अंकन के एचएसएन कोड लिखल जरूरी होई। एसे पहिले दू अंक के एचएसएन कोड डारे के पड़sला। पांच करोड़ से अधिक के टर्नओवर वाले करदाता के लिए एक अप्रैल 2022 से चार अंक के कोड अउर ओकरे बाद एक अगस्त 2022 से छह अंक के कोड डारल अनिवार्य क देहल गइल बा।
बिजली सब्सिडी से जुड़ल नियम बदली
नवंबर महीना से दिल्ली में बिजली सब्सिडी से जुड़ल नियम में भी बदलाव होई। एकरे तहत जौन लोग बिजली सब्सिडी खातिर रजिस्ट्रेशन नाइ करवले बा, उनके सब्सिडी के लाभ नाइ मिली। सब्सिडी खातिर रजिस्ट्रेशन के आखिरी तारीख आज यानी 31 अक्तूबर 2022 तय कइल गइल रहल।
Comments are closed.