Thailand-Cambodia Border Tension : ट्रंप के लड़ाई रुकवावे के दावा फेल, थाई सेना सीमा पs फेर गिरवलस बम; इमारत आ पुल तबाह

Thai Air Force F-16 fighter jets carrying out airstrikes near the Thailand Cambodia border amid rising tensions

Share

सेंट्रल डेस्क। थाईलैंड आ कंबोडिया के बीच चल रहल सीमा संघर्ष में हर दिन नया-नया मोड़ देखे के मिल रहल बा। एक तरफ बीतल दिनन में अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप दावा कइले रहस कि ऊ एगो फोन कॉल से ई संघर्ष रुकवा दिहें। बाकिर दोसरका तरफ ताजा हालात ई बतावत बा कि सीमा पs हमला आउर तेज हो रहल बा। आज सनिचर के दिने थाईलैंड के सेना कंबोडिया सीमा के लगे हवाई हमला कइले बिया। जानकारी के मोताबिक, थाई वायुसेना दुगो एफ-16 लड़ाकू विमान से कइयन गो ठिकानन पs बम बरसवले बा।

मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, स्थानीय समय के मोताबिक सनिचर के सबेरे 5:50 बजे थाई सेना कंबोडिया के पश्चिमी प्रांत बट्टमबोंग के त्मोर दा शहर में एगो होटल के इमारत पs बम गिरवलस। एकरा पांच मिनट बाद, 5:55 बजे ओही इलाका के दुसरका होटल के इमारत पर फेर से बमबारी भइल।

होटल के बाद पुल पs हमला

एह हमला के बाद थाई सेना पुल पs निशाना लगवलस। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, सबेरे 6:02 बजे थाई सेना चेई चोम्नास पुल के उड़ावे खातिर बम गिरवलस। 6:07 बजे ओही पुल पs दोबारा बम गिरवलस। फेर 6:12 बजे चेई चोम्नास के पुरान पुल (ओल्ड ब्रिज) पs बमबारी कइल गइल।

ट्रंप के का दावा रहे?

बतावल जा रहल बा कि थाईलैंड आ कंबोडिया के बीच बढ़त सीमा विवाद के देखत राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप बीतल दिनन में बड़ दावा कइले रहस। ऊ कहलें कि ऊ एगो फोन कॉल कs के थाईलैंड आ कंबोडिया के बीच चल रहल संघर्ष रुकवा दिहें। ट्रंप इहो कहले रहस कि ऊ ताकत के दम पs शांति कायम कs रहल बाड़ें।

Read Also: 13 दिसंबर 2025 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-