[the_ad_group id="30365"]

Raibareli News : रायबरेली में तड़तड़ाइल पुलिस के गोली, मुठभेड़ में लूट के चार आरोपी धरइलें सs, एगो के गोड़ में गोली लागल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रायबरेली। किसान से भइल 1 लाख 10 हजार के लूटकांड में पुलिस बियफे के देर रात मुठभेड़ कs के चार गो आरोपियन के गिरफ्तार कs लेलस। एगाे आरोपी के गोड़ में गोली लागल बा, जवन अस्पताल में भरती बा।

अपर पुलिस अधीक्षक संजीव कुमार सिन्हा बतवलें कि गदागंज के गढ़ी मनिहर सरकी के दीन मोहम्मद तहरीर देके कहलें कि करीब दु महीना पहिले ऊ आपन ट्रैक्टर पूरा बाग मजरा मनिहर सरकी निवासी मुकेश के हाथे एक लाख रुपिया में गिरवी रखले रहलें। मंगर के दिन जब दीन मोहम्मद ट्रैक्टर छुड़ावे खातिर मुकेश से संपर्क कइलें तs मुकेश उनकरा के सन बिरवन मजरा किसुनदासपुर गांव इस्थित धर्म कांटा के लगे बोलवलस।

दीन मोहम्मद अपना साथी आनंद तिवारी संगे पहुंचलें तs पता चलल कि ट्रैक्टर कमोली गांव के मुर्गी फार्म पs खड़ा बा। तीनो लोग ओने जात रहे कि रास्ता में ईंट भट्ठा के लगे दुगो बाइक पs सवार चार बदमाश ओह लोगन के रोक लेलें सs। तमंचा देखाके मारपीट कइलें सs आ एक लाख 10 हजार लूट के फरार हो गइलें से।

तहरीर पs केस दर्ज भइल आ पुलिस जांच में जुटल गइल। बियफे के रात मनीरामपुर गांव इस्थित शारदा नहर पुल के लगे वाहन चेकिंग के दौरान पुलिस के दुगो बाइक पs चार संदिग्ध लउकलें सs। रोकला पs ऊ भागे लगलें सs। घेराबंदी के दौरान बदमाश पुलिस पs फायरिंग सुरू कs देलें सs।

पुलिस के जवाबी कार्रवाई में गंगश्री मजरा बड़ागांव निवासी आरोपी आशीष के दहिना गोड़ में गोली लाग गइल, ओकरा गिरतहीं पुलिस उनका के काबू में ले लेलस। घेराबंदी में बाकी आरोपी – पट्टी रहस कैथवल निवासी उत्तम उपाध्याय, सवैया राजे गांव के संदीप आ हसनगंज के ऋषभ के गिरफ्तार कs लिहल गइल।

एएसपी बतवलें कि आरोपी लोग से 90 हजार नकदी, एगो तमंचा, एगो पिस्टल, एगो मोबाइल फोन आ दुगो बाइक बरामद भइल बा।

Read Also: Cough Syrup Case : कफ सिरप ममिला में ED के बड़ कार्रवाई, यूपी-झारखंड आ गुजरात में कइयन ठिकानन पs छापा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]