T20 World Cup 2026 : पाकिस्‍तानी PM शाहबाज शरीफ भारत के खिलाफ मैच ना खेलला पs अड़लें, कहलें- सोच समझके लेनी फैसला

T20 World Cup 2026 India vs Pakistan match boycott statement by Pakistan Prime Minister Shahbaz Sharif

Share

नई दिल्ली। पाकिस्तान के प्रधानमंत्री शहबाज शरीफ एक बेर फेर साफ कs देलें कि पाकिस्तान के सीनियर मेंस नेशनल क्रिकेट टीम भारत के खिलाफ आगामी टी-20 वर्ल्ड कप 2026 के मैच ना खेली। ई जानकारी पाकिस्तानी अखबार डॉन के रिपोर्ट में सामने आइल बा। आईसीसी मेंस टी-20 वर्ल्ड कप 7 फरवरी 2026 से भारत आ श्रीलंका के संयुक्त मेजबानी में खेलल जाई।

एकरा से पहिले ग्रुप स्टेज में 15 फरवरी के भारत-पाकिस्तान मुकाबला लगातार चरचा में रहल बा। पाकिस्तान एलान कs देलस कि ऊ भारत के खिलाफ एह मैच के बहिष्कार करी।

भारत के खिलाफ ‘बॉयकॉट’ पs अड़लें पाकिस्तानी PM

इस्लामाबाद में फेडरल कैबिनेट के संबोधित करत पाकिस्तान के पीएम शहबाज शरीफ दोहरवलें कि एह ममिला पs पाकिस्तान के रुख एकदम साफ बा आ भारत के संगे कवनो खेल ना खेलल जाई।

शहबाज शरीफ कहलें- “हमनी के टी-20 वर्ल्ड कप के बारे में साफ फैसला कइले बानी सs कि भारत के खिलाफ मैच ना खेलल जाई। एकरा पs ध्यान से सोच-विचार कइनी सs आ एकरा के सही फैसला मानत बानी सs।”

भारत से मैच बॉयकॉट करे पs अड़ल पाकिस्तान

15 फरवरी के कोलंबो के आर. प्रेमदासा स्टेडियम में भारत के पाकिस्तान के खिलाफ ग्रुप स्टेज मुकाबला खेलल जाई। ग्रुप स्टेज के बाद दुनो टीम फाइनल में आमने-सामने आ सकेली सs, बाकिर बांग्लादेश के टी-20 वर्ल्ड कप से हटावे के बाद पाकिस्तान भारत से मैच बॉयकॉट करे के नया ड्रामा सुरू कs देलस।

भारत से मैच खेले से इनकार करे के पाकिस्तान के फैसला के बाद इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल (ICC) पाकिस्तान के चेतावनियो देलस। आईसीसी कहलस कि ग्लोबल टूर्नामेंट में चुनिंदा तौर पs हिस्सा लेवे के फैसला निष्पक्षता, ईमानदारी आ प्रतिस्पर्धी संतुलन के सिद्धांत के खिलाफ बा।

हालांकि, अब प्रधानमंत्री के बयान से इहो साफ हो गइल बा कि बॉयकॉट के फैसला पीसीबी चीफ मोहसिन नकवी, जे पाकिस्तान के गृहमंत्रियो बाड़ें, ओह बयान से जुड़ल बा जवन आईसीसी के “दोहरा मापदंड” पs सवाल उठावत रहे। एह बयान में बांग्लादेश के टी-20 वर्ल्ड कप से बाहर कइला के मुद्दा उठावल गइल रहे।

बता दीं कि बांग्लादेश के टी-20 वर्ल्ड कप से एह चलते हटावल गइल कि ओहिजा के सरकार टीम के भारत गइला के अनुमति ना देलस, जहां ओकर मैच होखे वाला रहे। सुरक्षा कारण बतावत बीसीबी आईसीसी से मांग कइले रहे कि बांग्लादेश के मैच श्रीलंका शिफ्ट कइल जावs, बाकिर आईसीसी ओह मांग के खारिज कs देलस।

Read Also: Odisha Train Accident : ओडिशा में पटरी से उतरल चेन्नई-न्यू जलपाईगुड़ी एक्सप्रेस, धीमा रफ्तार बचवलस यात्रियन के जान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-