T-20 World Cup 2026 : अहमदाबाद में होई फाइनल, आईसीसी जल्दी जारी करी पूरा शेड्यूल

Share

नई दिल्ली। बीसीसीआई अगिला साल होखे वाला टी20 वर्ल्ड कप 2026 खातिर पांच गो स्थल के चयन कs लेले बा। एमे अहमदाबाद, दिल्ली, कोलकाता, चेन्नई आ मुंबई के नाम सामिल बा। टूर्नामेंट के फाइनल मुकाबला अहमदाबाद में खेलल जाई।

2023 के वनडे वर्ल्ड कप के फाइनल भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच अहमदाबाद के एही नरेंद्र मोदी स्टेडियम में भइल रहे। ई दुनिया के सबसे बड़ क्रिकेट स्टेडियम हs आ इहां एक लाख से जादे लोग एक संगे मैच देख सकी। पिछला विश्वकप के आयोजन 10 जगह पs भइल रहे।

अगिला हफ्ता आईसीसी जारी करी शेड्यूल

सूत्रन के अनुसार, आईसीसी अगिला हफ्ता में फरवरी-मार्च में होखे वाला टूर्नामेंट के पूरा शेड्यूल जारी कs सकेला। ई वर्ल्ड कप भारत आ श्रीलंका मिलके कराई। श्रीलंका पाकिस्तान खातिर न्यूट्रल वेन्यू के रूप में इस्तेमाल होई, जवन भारत संगे भइल समझौता के हिस्सा बा।

श्रीलंका के तीन शहरन में होई मैच

श्रीलंका में तीन जगहन पs मैच खेलल जाई, एह में कोलंबो सामिल बा। भारत अबकि बेर मेजबान देस होखला के संगे-संगे डिफेंडिंग चैंपियन के रूप में मैदान में उतरी। भारतीय टीम पिछला साल जून में बारबाडोस में आयोजित टी20 वर्ल्ड कप में खिताब जीतले रहे, तब टीम के कप्तान रोहित शर्मा रहस।

भारत के पांच शहरन में होई मुकाबला

भारत के पांचो शहर टियर-1 सिटी हs, जहवां बड़ भीड़ उमड़े के उम्मेद बा। जदि पाकिस्तान फाइनल में पहुंची, तs खिताबी मुकाबला श्रीलंका में करावल जाई। आईसीसी, बीसीसीआई आ पीसीबी के समझौता अनुसार, 2027 तक भारत-पाकिस्तान आपस में सब मैच न्यूट्रल वेन्यू पs खेली, जब टूर्नामेंट भारत आ पाकिस्तान में हो रहल होखे।

Read Also: UP Board Date Sheet 2026: यूपी बोर्ड 10वीं-12वीं के डेटशीट जारी, 18 फरवरी से 12 मार्च तक होई परीक्षा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-