Share Bazar : शेयर बाजार में लवटल हरियाली, सेंसेक्स 1516 अंक बढ़ल, निफ्टी 22800 के पार

Share

बिजनेस डेस्क। भारतीय शेयर बाजार मंगर के दिन हरियर निशान पs खुलल। सुरुआती कारोबार में 30 शेयर वाला सेंसेक्स 1516 अंक बढ़के 74,212.47 अंक पs आ गइल। ओहिजा 50 शेयर वाला निफ्टी 386.95 अंक बढ़के 22,899.60 अंक पs पहुंच गइल। सुरुआती कारोबार में रुपिया अमेरिकी डॉलर के मुकाबले मजबूत नजर आइल।

विशेषज्ञन के राय

बाजार विशेषज्ञन के कहनाम बा कि बाजार में रिकवरी जरूर देखल गइल, बाकिर निवेशक लोग के पूरा भरोसा अभी लवटल नइखे। बैंकिंग आ शेयर बाजार विशेषज्ञ अजय बग्गा बतवलें कि वैश्विक हालात अभी अनिश्चित बा आ बाजार में भारी उतार-चढ़ाव देखे के मिल रहल बा। सोशल मीडिया पs आ रहल खबर आ ओकरा खंडन से बाजार तेजी से प्रभावित हो रहल बा, जवना के फायदा कुछ निवेशक उठा रहल बा लोग।

ओकरा अनुसार वैश्विक संकेतक मिश्रित बा। एशियाई बाजार में सुरुआती तेजी कम हो गइल बा। कच्चा तेल के दाम में हल्का बढ़न्ती बा, अमेरिकी डॉलर मजबूत बा, जबकि सोना-चांदी पिछिला 25 दिन से गिरावट में बा। अमेरिकी स्टॉक फ्यूचर्स करीब 0.4% के गिरावट में बा। गिफ्ट निफ्टी रात के मुकाबले लगभग 350 अंक तक सिमट गइल बा।

सोमार के दिन अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप ईरान के ऊर्जा ढांचा पs प्रस्तावित सैन्य हमला पांच दिन खातिर टाल देलें आ कहलें कि गुप्त बातचीत में प्रगति हो रहल बा। बाकिर ईरान एह दावन के फेक न्यूज बतावत प्रत्यक्ष बातचीत से इनकार कइले बा। तनाव में अस्थायी राहत के बादो होर्मुज स्ट्रेट पs वैश्विक चिंता बरकरार बा।

एशियाई बाजार आ कच्चा तेल

आउर एशियाई बाजारन में तेजी देखल गइल। जापान के निक्केई 225 0.75% बढ़के 51920 पs, हांगकांग के हैंग सेंग 1.75% बढ़के 24797 पs आ दक्षिण कोरिया के कोस्पी 2% से जादे बढ़के 5522 पs पहुंच गइल। अमेरिकी बाजार बढ़त के संगे बंद भइल। ब्रेंट क्रूड 104 डॉलर प्रति बैरल पs कारोबार कइल। सोना 137370 रुपिया प्रति 10 ग्राम आ चांदी 217823 रुपिया प्रति किलो पs रहल।

Read Also: Freight Train Accident : चक्रधरपुर रेल मंडल में हादसा : मुर्गा महादेव स्टेशन के लगे मालगाड़ी पटरी से उतरल, अप-डाउन लाइन बाधित

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-