Share Market : बढ़त के संगे खुलल शेयर बाजार; सेंसेक्स 149 अंक चढ़ल, निफ्टी 25800 के पार

Share

बिजनेस डेस्क। बियफे के दिने शेयर बाजार के बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी सकारात्मक रुझान के संगे खुलल, बाकिर एशियाई बजार में कमजोरी आ बिदेसी निवेशक के लगातार बिकवाली से सुरुआती तेजी टिक ना सकल।

30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स 149.3 अंक (0.17%) के उछाल के संगे 84,540.57 पs पहुंचल। ओही, तरे एनएसई निफ्टी 45.05 अंक चढ़के 25,803.05 पs खुलल। सुरुआती कारोबार में रुपिया डॉलर के मुकाबला 5 पईसा गिरके 89.99 पs आ गइल।

बाकिर बाजार खुलला के तनिये देर के बाद बिकवाली बढ़ गइल आ दुनो प्रमुख सूचकांक आपन बढ़त खो देलस। सेंसेक्स 222.39 अंक (0.26%) गिरके 84,168.88 पs पहुंचल, जबकि निफ्टी 50.90 अंक गिरके 25,707.10 पs आ गइल।

सेंसेक्स में सामिल कंपनियन के हाल

जवना कंपनियन के शेयर नीचे गइल

  • टाइटन
  • पावर ग्रिड
  • एचसीएल टेक्नोलॉजीज्भार
  • भारती एयरटेल
  • एशियन पेंट्स
  • रिलायंस इंडस्ट्रीज
  • टीसीएस
  • टेक महिंद्रा
  • आईसीआईसीआई बैंक
  • ट्रेंट
  • एक्सिस बैंक
  • बजाज फिनसर्व
  • आईटीसी

जवना कंपनियन में तेजी देखल गइल

  • इटरनल
  • टाटा स्टील
  • मारुति सुजुकी
  • कोटक महिंद्रा बैंक
  • अदानी पोर्ट्स
  • भारत इलेक्ट्रॉनिक्स लिमिटेड
  • एलएंडटी
  • इंफोसिस
  • अल्ट्राटेक सीमेंट

एशियाई बाजार में गिरावट

एशियाई बाजार में कमजोरी देखे के मिलल। जापान के निक्केई 225, शंघाई के एसएसई कंपोजिट, हांगकांग के हैंग सेंग आ दक्षिण कोरिया के कोस्पी सब नीचे कारोबार करत रहे।

फेड के फैसला से वॉल स्ट्रीट में आई तेजी

अमेरिकी फेडरल रिजर्व दिसंबर बैठक में ब्याज दर 25 बेसिस पॉइंट कम कs के 3.5–3.75% के रेंज में कs देलस। एही से वॉल स्ट्रीट में रात भर के कारोबार में तेजी देखल गइल। हालांकि नीति निर्माता लोग 2026 तक बस एक बेर 25 बेसिस पॉइंट के कटौती के अनुमान लगावत बा लोग।

ब्रेंट क्रूड के दाम बढ़ल

वैश्विक तेल मानक ब्रेंट क्रूड 0.03% चढ़के 62.23 डॉलर प्रति बैरल पs पहुंच गइल।

एही बीच एक्सचेंज डेटा के मोताबिक

  • एफआईआई (बिदेसी निवेशक) 1,651.06 करोड़ के शेयर बेचल लोग
  • डीआईआई (घरेलू निवेशक) 3,752.31 करोड़ के शेयर खरीदल लोग

बुध के दिने सेंसेक्स 275.01 अंक गिरके 84,391.27 पs बंद भइल, जबकि निफ्टी 81.65 अंक गिरके 25,758 पs आ गइल, जवन एक महीना के सबसे निचला स्तर हs।

Read Also: 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-