सेंट्रल डेस्क। कांग्रेस के पूर्व सांसद शकील अहमद सोमवार के दावा कइलें कि उनका जान पs खतरा बा। ई बयान ओह घरी आइल, जब कुछ दिन पहिले ऊ राहुल गांधी के “असुरक्षित नेता” बतवले रहलें। बिहार से तीन बेर विधायक आ दू बेर सांसद रह चुकल शकील अहमद कहलें कि कांग्रेस के कुछ साथी लोग गुप्त रूप से उनका के ई जानकारी देले बा लोग।
शकील अहमद के दावा
शकील अहमद के मोताबिक, पार्टी नेतृत्व उनका ऊपर हमला करावे के आदेस देले बा। ई हमला मंगर के दिन पटना आ मधुबनी में उनका घर पs पुतला दहन के बहाने हो सकेला। अहमद सोशल मीडिया पs लिखले बाड़ें कि ई लोकतंत्र के खिलाफ बा। ऊ एगो व्हाट्सएप चैट के स्क्रीनशॉट साझा कइले बाड़ें, जवना में लोगन से उनकर पुतला जरावे के अपील कइल गइल बा।
राहुल गांधी पs आरोप
अहमद कहलें कि कांग्रेस के संघतिया लोगन के फोन आइल रहे, जवन बतावत रहे कि पार्टी कार्यकर्ता लोगन के उनकर ऊपर हमला करे के कहल गइल बा। उनकर दावा बा कि एह आदेस के पीछे कांग्रेस नेतृत्व के हाथ बा। शकील अहमद कहलें, “हमार राय गलत हो सकेला, बाकिर बोले के पूरा हक हमरा बा।”
शकील अहमद पहिले का कहले रहलें?
पिछिला सनिचर के दिन शकील अहमद राहुल गांधी के असुरक्षित नेता बतवले रहलें। ऊ आरोप लगवले रहलें कि राहुल वरिष्ठ नेता लोगन के सामने असहज महसूस करेलें आ खाली आपन तारीफ करे वाला नवहा लोगन के आगे बढ़ावेलें। अहमद इहो कहले रहलें कि राहुल गांधी के एह रवैया के चलतही ऊ आपन परिवार के पारंपरिक सीट अमेठी हार गइलें। बता दीं कि 2025 के बिहार चुनाव के बाद शकील अहमद कांग्रेस छोड़ देले रहलें।
भाजपा का बोलल?
शकील अहमद के बयान पर भाजपा कांग्रेस पs जोरदार हमला कइले बिया। भाजपा प्रवक्ता कहलें कि एह आरोप से राहुल गांधी के तानाशाही अंदाज उजागर हो गइल बा।
कांग्रेस का कहत बिया?
दूसरका ओर कांग्रेस नेता मणिकम टैगोर शकील अहमद के “जयचंद” बतवले बाड़ें। टैगोर कहलें कि राहुल गांधी देस जोड़े खातिर हजारन किलोमीटर यात्रा कइले बाड़ें, बाकिर शकील अहमद जइसन लोग नया मालिकन के खुस करे खातिर उनका ऊपर हमला कs रहल बा लोग। टैगोर कहलें कि शकील अहमद 2026 के जयचंदन के नया जमात के हिस्सा बाड़ें। गौर करे लायक बा कि इतिहास में राजा पृथ्वीराज चौहान से गद्दारी करे वाला जयचंद के नाम आजो विश्वासघात के प्रतीक मानल जाला।







