Share Bazar : सेंसेक्स 1556 अंक गिरल, डॉलर के मुकाबले रुपिया 93.90 के पार पहुंचल

Share

बिजनेस डेस्क। सोमार के दिन भारतीय शेयर बाजार भारी गिरावट के संगे खुलल। सुरुआती कारोबार में बीएसई सेंसेक्स 1,555 अंक से जादे गिर के 72,977 पs आ गइल, जबकि एनएसई निफ्टी करीब 480 अंक गिर के 22,634 पs पहुंच गइल। एही दौरान रुपिया अमेरिकी डॉलर के मुकाबले 41 पईसा गिर के पहिला बेर 93.90 के पार पहुंच गइल, जवन अब तक के सबसे निचला स्तर बा।

कंपनी शेयरन के हालत खराब

सेंसेक्स में सामिल कंपनी में टाटा स्टील, एसबीआई, बजाज फाइनेंस, भारत इलेक्ट्रॉनिक्स, टाइटन आ अदानी पोर्ट्स जइसन कंपनी के शेयर में भारी गिरावट देखे के मिलल। खाली एचसीएल टेक में हल्का बढ़त दर्ज भइल बा।

का कहत बा लोग एक्सपर्ट?

मार्केट एक्सपर्ट अजय बग्गा के मोताबिक, वैश्विक तनाव तेजी से बढ़ रहल बा, जवन निवेशकन में डर पैदा कs रहल बा। निवेशक अब जोखिम वाला निवेश छोड़ के डॉलर जइसन सुरक्षित जगह पs पईसा लगावत बा लोग। अमेरिका के मनी मार्केट फंड्स में निवेश 8 ट्रिलियन डॉलर से ऊपर पहुंच गइल बा।

48 घंटा के अल्टीमेटम बनल वजह

बाजार में गिरावट के सबसे बड़ कारण अमेरिका के ओर से ईरान के दिहल गइल 48 घंटा के अल्टीमेटम मानल जा रहल बा। एमे होर्मुज स्ट्रेट खोले के बात कहल गइल बा, ना तs ईरान के पावर ग्रिड पs हमला हो सकेला।

तेल बाजार में उथल-पुथल

तेल बाजार में भारी उतार-चढ़ाव बा। ब्रेंट क्रूड करीब 112 डॉलर प्रति बैरल आ WTI करीब 98 डॉलर पs चल रहल बा। सप्लाई के चिंता आ मांग में कमी के डर से कीमत लगातार बदल रहल बा।

सोना के भाव गिरल

आमतौर पs संकट में सोना सुरक्षित मानल जाला, बाकिर एह बेर सोना करीब 2% गिर के 4,408 डॉलर प्रति औंस पs आ गइल। एक्सपर्ट के अनुसार, निवेशक घाटा पूरा करे खातिर सोना बेच रहल बा लोग।

एशियाई आ अमेरिकी बाजार पर असर

एशिया के बाजार में भारी गिरावट देखल गइल। जापान, हांगकांग, सिंगापुर आ दक्षिण कोरिया के बाजार बुरा तरे टूट गइल। अमेरिका में डाउ जोन्स, S&P 500 आ नैस्डैक गिरावट के संगे बंद भइल।

Read Also: 23 मार्च 2026 के राशिफल

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-