छपरा। सारण जिला में दिसंबर के दुसरका हफ्ता से ठंड में तेजी देखे के मिल रहल बा। सबेरे-सांझे कड़क ठंड महसूस होत बा। जिला के न्यूनतम तापमान घटके 10.5 डिग्री सेल्सियस पs आ गइल बा, जबकि अधिकतम तापमान 26 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल बा। बढ़ल ठंडा के संगे घना कोहरा लोगन के परेसानी आउर बढ़ा देलस।
सबेरे के समय दृश्यता (विजिबिलिटी) 700 से 900 मीटर के बीच रहे ला बाकिर देर रात आ भोर में ई घटके 100 से 70 मीटर तक पहुंच जा रहल बा। कम दृश्यता के चलते सड़क पs चले आ वाहन चलावे में लोगन के भारी दिक्कत हो रहल बा। हालांकि सूरज निकलतही तापमान में तनिका सुधार देखे के मिलत बा आ दृश्यता धीरे-धीरे सामान्य होखे लागेला।
अंतिम हफ्ता तक शीतलहर सुरू हो सकेला
मौसम विभाग के कहनाम बा कि आवे वाला दिन में ठंड आउर बढ़ सकेला। विभाग संकेत देले बा कि दिसंबर के अंतिम सप्ताह तक शीतलहर जइसन इस्थिति बन सकेले। एह दौरान न्यूनतम तापमान घटके 8 से 9 डिग्री सेल्सियस तक आ सकत बा। जिला के लोगन के अभी से कड़क ठंड खातिर तइयारी में रहे के सलाह दिहल गइल बा।
घना कोहरा के चलते यातायात विभाग वाहन चालकन के सतर्क रहे के निरदेस जारी कइले बा। विभाग कहले बा कि धुंध के समय वाहन में फॉग लाइट जरूर जराईं आ रात में नियंत्रित गति से गाड़ी चलाईं, ताकि सड़क दुर्घटना रोकल जा सके।
AQI बढ़के 146 पs पहुंचल
ठंड बढ़ला के संगे वायु गुणवत्ता में गिरावट दर्ज कइल गइल बा। सारण के AQI बढ़के 146 पs पहुंच गइल बा, जवन ‘खराब’ श्रेणी में आवेला। प्रदूषण के ई स्तर खास कs के सुबह-सांझ में जादे महसूस हो रहल बा, जवना से लोग आंख में जलन, खांसी आ सांस लेवे में दिक्कत जइसन समस्या झेल रहल बाड़ें।
मौसम विशेषज्ञ बतावत बाड़ें कि आवे वाला दिन में तापमान आउर नीचे जा सकेला आ कुहासा में तेजी देखे के मिल सकेला। अइसे लोगन के सावधानी बरते आ जरूरी एहतियात अपनावे के जरूरत बा।
Read Also: Share Market : बढ़त के संगे खुलल शेयर बाजार; सेंसेक्स 149 अंक चढ़ल, निफ्टी 25800 के पार






