स्पोर्ट्स डेस्क। क्रिकेट के दुनिया में जब कबो एह खेल के चरचा होला, तs सबसे पहिले नाम आवेला भारतीय दिग्गज सचिन तेंदुलकर के। ‘क्रिकेट के भगवान’, ‘मास्टर ब्लास्टर’ आ ‘गुरु सचिन’ के नाम से मशहूर तेंदुलकर क्रिकेट इतिहास के सबसे महान खिलाड़ी में गिनल जालें।
सचिन तेंदुलकर टेस्ट आ वनडे दुनो फॉर्मेट में सबसे जादे रन बनावे वाला बल्लेबाज हवे। ऊ अपना 24 साल लमहर इंटरनेशनल करिअर में कइयन गो ऐतिहासिक आ अहम पारी खेलले रहस। तेंदुलकर साल 2013 में इंटरनेशनल क्रिकेट से संन्यास ले लेलें, बाकिर आजो फैंस उनकर सानदार पारियन आ जोगदान के इयाद करेला लोग। उनका रिटायरमेंट के करीब 13 साल हो गइल बा, बाकिर अब एगो नया खुलासा सामने आइल बा, जवना से कइयन गो लोग हैरान हो गइल बा।
भारत के पूर्व मुख्य चयनकर्ता संदीप पाटिल बतवले बाड़ें कि बीसीसीआई सचिन तेंदुलकर के भारतीय टीम से हटावे के योजना बनावत रहे। बाकिर ओकरा से पहिलही सचिन खुदे संन्यास ले लेलें।
पाटिल बतवलें कि ऊ सचिन से उनका भविष्य के योजना के बारे में पूछले रहस। तब सचिन कहले रहस कि ऊ अभी खेलल जारी रखे के चाहत बाड़ें। हालांकि चयन समिति उनका जगह नया खिलाड़ी के मवका देवे के फैसला कs चुकल रहे।
सचिन के बदले के सोचत रहे बीसीसीआई
असल में साल 2012 सचिन तेंदुलकर खातिर बहुत अच्छा ना रहल रहे। ऊ 9 टेस्ट मैच में खाली 23.80 के औसत से रन बनवले आ एको गो शतक ना लगा पवलें। वनडे में 10 मैच में उनकर औसत 31.50 रहे।
हाले में एगो इंटरव्यू में संदीप पाटिल बतवलें कि ऊ सचिन के टीम से हटावे के सुझाव देलें। जब ऊ सचिन से कहलें, “हमनी के तहरा जगह नया खिलाड़ी खोजे के सोचत बानी”, तs तेंदुलकर ई बात सुन के बहुते हैरान हो गइल रहस।
पाटिल बतवलें कि ऊ सचिन से पूछलें, “आगे के का प्लान बा?” एकरा पs सचिन पूछलें, “काहे?” तब पाटिल जवाब देलें कि सेलेक्टर्स लोग तहार विकल्प खोज रहल बा। ई सुनके सचिन चौंक गइलें आ पूछलें, “का रउआ सही में कहत बानी?” पाटिल जवाब देलें, “हs।”
चयनकर्ता कवनो खिलाड़ी के संन्यास लेवे पs मजबूर ना कs सकेला
संदीप पाटिल आगे बतवलें कि चयन समिति कवनो खिलाड़ी के जबरदस्ती संन्यास लेवे के मजबूर ना कs सकेला। ऊ खाली ई बता सकेला कि खिलाड़ी टीम से बाहर बा, बाकिर ई ना कह सकेला कि ओकर करिअर खत्म हो गइल।
पाटिल कहलें कि लोग अक्सर उनका कार्यकाल के सचिन तेंदुलकर के टीम से बाहर होखे के वजह से इयाद करेला। जबकि ओही समय कइयन गो बड़ खिलाड़ी टीम में आइल लोग।
कइयन गो बड़े खिलाड़ियन के मिलल मवका
पाटिल के कार्यकाल में जसप्रीत बुमराह, रविचंद्रन अश्विन, रविंद्र जडेजा, अंजिक्या रहाने आ मोहम्मद शमी जइसन खिलाड़ी टीम में सामिल भइल लोग, बाकिर लोग खाली सचिन के संन्यास के चरचा करेला।
सचिन तेंदुलकर आपन आखिरी टेस्ट मैच नवंबर 2013 में वेस्ट इंडीज के खिलाफ वानखेड़े स्टेडियम, मुंबई में अपना घरेलू दर्शकन के सामने खेललें।








