ऋषि सुनक के नियुक्ति पाकिस्तान खातिर अचरज के बात, IAS अधिकारी शाह फैसल कइलें भारत के तारीफ

कुमार आशू

ब्रिटेन के नयका प्रधानमंत्री ऋषि सुनक के जेतना चर्चा ब्रिटेन में बा, ओसे कहीं ज्यादा भारत में। कांग्रेस अउर भाजपा के बीच एह पर वाकयुद्ध जारी बा। एही बीच आईएएस अधिकारी शाह फैसल भारतीय लोकतंत्र के तारीफ कइलें। ऊ कहलें कि ब्रिटेन के प्रधानमंत्री के रूप में ऋषि सुनक के नियुक्ति पाकिस्तान ख़ातिर अचरज के बात हो सकsता, जहां अल्पसंख्यक व्यक्ति सरकार में शीर्ष पद पर नाइ रह सकतने। ऊ कहलें, भारतीय लोकतंत्र में अइसन नाइ बा।

बता देईं, ऋषि सुनक के नियुक्ति के बाद से भाजपा अउर कांग्रेस के बीच बोली के जुद्ध जारी बा। एक तरफ कांग्रेस नेता पी चिदंबरम, शशि थरूर बहुसंख्यकवाद पर घेरले बानें त भाजपा नेता सब मनमोहन सिंह, अब्दुल कलाम अउर द्रौपदी मुर्मू के उदाहरण पेश कs के कांग्रेस नेता लोग के मुंह बंद करावे के कोशिश क रहल बा।

अइसन खाली भारत में संभव हो सकत बा

आईएएस अधिकारी शाह फैसल कहलें, भारतीय मुसलमानन के कौनो अन्य तथाकथित इस्लामी देश में अइसन स्वतंत्रता मिलल असंभव बा। लेकिन ई खाली भारत में संभव बा कि कश्मीर के एगो मुस्लिम युवा भारतीय सिविल सेवा परीक्षा में शीर्ष पर जा सकsता, सरकार के शीर्ष पद पर पहुंच सकsता, फिर सरकार से अलग हो सकsता अउर फिर भी ओही सरकार द्वारा वापस लिहल जा सकsता।

बता देईं, शाह फैसल तत्कालीन जम्मू-कश्मीर कैडर के 2010 बैच के आईएएस टॉपर रहलें, जे 2019 में सेवा से इस्तीफा दे दिहलें अउर अपने खुद के राजनीतिक पार्टी बनवलें। 2022 में, शाह फैसल के केंद्रीय पर्यटन मंत्रालय में उप सचिव के रूप में तैनात कइल गइल।

Share This Article