Railway Knowledge : एगो अइसनो ट्रेन बा जवना के रास्ता देवे खातिर रुकेला,राजधानी आ शताब्दीओ , काहे नाही मिलेला तवज्जो

Share

Railway Knowledge:- भारतीय रेलवे रोजाना हजारों ट्रेन चलावेले। ट्रेन के कई श्रेणी बा। श्रेणी के हिसाब से ट्रेन के पटरी पे चले के प्राथमिकता दिहल जाला। रउरा इहो देखले होखब कि कई बेर राउर ट्रेन रुक जाला आ दोसर ट्रेन पास हो जाला। अइसन एहसे होला काहे कि जवना ट्रेन के रास्ता दिहल गइल बा ऊ रउरा ट्रेन से अधिका प्राथमिकता वाला ट्रेन होला।

रेलवे राजधानी ट्रेन के सबसे जादा महत्व देवेले। लेकिन, जब खास शर्त में चले वाली कुछ ट्रेन पटरी पे आवत होखेले त राजधानी के रोक के ओकरा के जाए दिहल जाला। आई बताईं ,कि भारतीय रेलवे के ओर से चलावल जाए वाली विभिन्न ट्रेन के वरीयता के क्रम का बा।

 

•दुर्घटना स्थल के चिकित्सा सहायता देवे खातिर ट्रेन दुर्घटना के दौरान दुर्घटना राहत चिकित्सा उपकरण (एआरएमई) ट्रेन के इस्तेमाल कईल जाला। बाकी सब ट्रेन से ज्यादा एह ट्रेन के महत्व दिहल जाला। एकरा से पहिले अगर राजधानी आ शताब्दी जईसन ट्रेन भी चलत बा त ओकरा के रोक के एह ट्रेन के रास्ता दे दिहल जाला। एही से इ भारतीय रेलवे के सबसे जादा प्राथमिकता वाला ट्रेन ह।

 

•भारत के राष्ट्रपति के इस्तेमाल होखेवाला ट्रेन के भी बहुत प्राथमिकता मिलेला। आगे चलत सब ट्रेन के रोक के रास्ता देवे के भी नियम बा। लेकिन, इहाँ ध्यान देवे वाला बात इ बा कि अब राष्ट्रपति रेल से जादे हवाई यात्रा करेले। एही से अब एकर संचालन लगभग न के बराबर हो रहल बा।

•अगर सामान्य दिन में चले वाली ट्रेन के बात करीं त राजधानी एक्सप्रेस सबसे उच्च प्राथमिकता वाला ट्रेन ह। सब ट्रेन के रोक के एकरा के रास्ता दे दे ला। ई ट्रेन सही समय पे आवे खातिर आ शानदार सुविधा खातिर भी जानल जाले।

•राजधानी के बाद शताब्दी एक्सप्रेस ट्रेन के सबसे जादा महत्व दिहल जाला। एह ट्रेन के गिनती सुपरफास्ट ट्रेन में भी होला। इ ट्रेन एक दिन में आपन सफर पूरा क लेले।

•दुरंतो एक्सप्रेस एगो लंबी दूरी यात्रा के ट्रेन ह। एकर शुरुआत 2009 में भइल रहे। राजधानी आ शताब्दी के छोड़ के दुरंतो एक्सप्रेस के भी बाकी ट्रेन के रास्ता देवे के पड़ेला।

•तेजस एक्सप्रेस सेमी हाई स्पीड फुल एसी ट्रेन ह। एकर नंबर राजधानी, शताब्दी आ दुरंतो के बाद वरीयता के क्रम में आवेला।

•गरीब रथ एक्सप्रेस के शुरुआत साल 2005 में भइल रहे। इ पूरा तरीका से एसी ट्रेन ह, जवना के कम दाम पे यात्री के बेहतर सुविधा देवे खातीर शुरू कईल गईल रहे। प्राथमिकता क्रम में ई ट्रेन सातवाँ नंबर पे बा।

 

 

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-