Bihar Police Recruitment: बिहार पुलिस में निकलल 68 हजार से जादे पदन पs भर्ती, महिला लोगन खातिर भरपूर मवका

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 29, 2023

बिहार पुलिस में अब तक के सबसे बड़ नियुक्ति प्रक्रिया सुरू होखे वाला बा। पहिला बेर एक संगे 21 हजार 391 सिपाहियन के बहाली होई। एमे सात हजार 903 पद महिला लोगन खातिर आरक्षित बा।

Share

बिहार पुलिस में अब तक के सबसे बड़ नियुक्ति प्रक्रिया सुरू होखे वाला बा। पहिला बेर एक संगे 21 हजार 391 सिपाहियन के बहाली होई। एमे सात हजार 903 पद महिला लोगन खातिर आरक्षित बा। एक संगे एतना बड़ संख्या में महिला पुलिस के बहालियो रिकॉर्ड होई।

पुलिस मुख्यालय सिपाही बहाली के पदन के रोस्टर क्लियर होखला के बाद केंद्रीय चयन परिषद (सिपाही भर्ती) के अधियाचना भेज देले बा। ई बिहार पुलिस में 68 हजार 360 पदन पs होखे वाला सीधी बहाली के पहिला हिस्सा हs। पुलिस मुख्यालय के एडीजी जितेंद्र सिंह गंगवार सुक के एकर जानकारी देलें।

एडीजी जितेंद्र सिंह गंगवार बतवले कि जल्दिये परिषद के ओर से सिपाही बहाली के विज्ञापन प्रकाशित कइल जाई। पहिला बेर एगो विज्ञापन से 21 हजार से जादे पुलिसकर्मियन के बहाली कइल जाई।

एडीजी बतवलें कि एकरा पहिले पिछिला साल नवंबर में एक संगे 10 हजार 459 पुलिसकर्मियन के गांधी मैदान में नियुक्ति पत्र बांटल गइल रहे। एमे 8246 सिपाही आ 2213 दारोगा आ सार्जेंट रहे लो। महिला पुलिसकर्मियन के संख्या करीब 3900 रहे।

  • 193 पुलिसकर्मियों के राष्ट्रीय औसत बा प्रति एक लाख आबादी पs।
  • 183 पुलिस कर्मियन के पद स्वीकृत बा बिहार में प्रति एक लाख आबादी पs।
  • 86 पुलिसकर्मी कार्यरत बा लो फिलहाल बिहार में एक लाख आबादी पs।

दु चरणन में परीक्षा, इंटर होई शैक्षणिक योग्यता

सिपाही बहाली खातिर न्यूनतम शैक्षणिक योग्यता इंटरमीडिएट तय कइल गइल बा। सामान्य वर्ग खातिर 18 से 25 बरिस, आउर पिछड़ा वर्ग खातिर 18 से 27 बरिस जबकि एससी-एसटी खातिर 18 से 30 बरिस सीमा होई। परीक्षा लिखित आ शारीरिक दू चरणन में होई। महिला लोगन के अलावा रोस्टर में ट्रांसजेंडर खातिर 56 पद आरक्षित कइल गइल बा। एकरा अलावे खिलाड़ियन के एक प्रतिशत आरक्षण दिहल गइल बा। अइसन में करीब 200 पद खिलाड़ियन खातिर रिजर्व होई। होमगार्ड के जवानन खातिर आरक्षण के लाभ मिली।

मई तक दारोगा बहाली के रोस्टर क्लीयरेंस

एडीजी बतवलें कि सिपाही बहाली के बाद जल्दिये दारोगा के नियुक्ति प्रक्रिया सुरू होई। पहिला चरण में 1288 दारोगा के पदन पs सीधा बहाली होई। एकरा अलावे 194 स्टेनो एएसआई के पद भरल जाई। अभी एकरा रोस्टर क्लीयरेंस के प्रक्रिया चल रहल बा। मई तक ई काम पूरा होखे के उम्मीद बा। एह साल के समाप्ति तक दारोगा बहाली पूरी करे के लक्ष्य बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.