Puja Special Train : गोरखपुर होके समस्तीपुर से नागपुर के बीच चली पूजा स्पेशल, घर आइल होई आसान

Share

गोरखपुर। गोरखपुर के रास्ते नागपुर से समस्तीपुर के बीच दस फेरा में पूजा स्पेशल ट्रेन चलावल जाई। रेलवे प्रशासन के ओर से 01207/01208 नंबर के नागपुर-समस्तीपुर-नागपुर साप्ताहिक पूजा स्पेशल ट्रेन चलावे के घोषणा कs दिहल गइल बा।

मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह के अनुसार ई ट्रेन नागपुर से 24 सितंबर से 26 नवम्बर तक हर बुध के आ समस्तीपुर से 25 सितम्बर से 27 नवम्बर तक हर बियफे के चलावल जाई। एह ट्रेन में शयनयान श्रेणी के छव, साधारण द्वितीय श्रेणी के छव, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के चार कोच लगावल जाई।

01207 नंबर के पूजा स्पेशल नागपुर से सबेरे 10:40 बजे प्रस्थान करी। ई ट्रेन इटारसी, भोपाल, वीरांगना लक्ष्मीबाई जंक्शन (झांसी), कानपुर सेन्ट्रल आ ऐशबाग होत दूसरका दिन सबेरे 11:55 बजे गोरखपुर से रवाना होके रात 09:30 बजे समस्तीपुर पहुंची।

01208 नंबर के पूजा स्पेशल समस्तीपुर से रात 11:45 बजे प्रस्थान करी। ई ट्रेन छपरा से चलके गोरखपुर से दूसरका दिन सबेरे 07:20 बजे रवाना होई। बस्ती, गोंडा, ऐशबाग, कानपुर सेंट्रल, भोपाल आ इटारसी होत तीसरका दिन सबेरे 07:00 बजे नागपुर पहुंची।

Read Also: ENG vs SA: इंग्लैंड के तूफानी बैटिंग से रिकॉर्ड बुक हो गइल तितर-बितर, बदल गइल टी20 के इतिहास

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-